मशरख में छेड़खानी के दूगो अलग-अलग मामला आइल सोझा प्राथमिकी दर्ज करके पुलिस मामला के जांच में जुटल

मशर में छेड़खानी के दूगो अलग-अलग मामला आइल सोझा प्राथमिकी दर्ज करके पुलिस माला के जांच में जुटल

भोजपुरी समय,धर्मेंद्र पाण्डेय, मशर(सारण): लॉकडाउन के दौरान भी मनबढ़ लोग अपना आदत से बाज नइखन आवत। ई लोग मौका मिलते आपन रंग देखा रहल बा। अइसने दूगो घटना छपरा के मशरख थाना क्षेत्र के बहरौली पूरब टोला गांव आ गोरहन में सामने आइल बा। जहां पहिलका मामला में एगो युवती के साथे जोर जबर्दस्ती कइला के मामला प्रकाश में आइल बा, त ऊंहवें गोरहना गांव के बा जेमे घर से बाहर शौच करे चेवरा में गइल एगो मेहरारू से छेड़खानी के प्रयास के ममिला प्रकाश में आइल बा। पुलिस दुनू मामला में प्राथमिकी दर्ज कऽ के मामला के जांच कर रहल बा। जानकारी के मोताबिक मशरख थाना क्षेत्र के बहरौली पूरब टोला गांव के बा जहां घर में अकेला माई बेटी के साथे गांव के ही एगो व्यक्ति जोर-जबर्दस्ती करे के प्रयास कइले बा। एह मामला में युवती के माई संध्या देवी के माध्यम से थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। एह प्राथमिकी में पीड़िता के माई कहले बाड़ी की हम अपना बेटी के साथे घर पर रहली ओही दौरान कन्हैया ओझा अइले आ उनकरा(संध्या देवी) के बेटी के साथे छेड़खानी करे लगले। जब संध्या देवी एह बात के विरोध कइली जेकरा बाद उनकरा साथे मारपीट करे लगले। एह दौरान हल्ला सुन के पीड़िता के पति आ बेटा आ गइल लोग त ओह लोग के संगे भी कन्हैया ओझा आ उनकर परिवार के आउर लोग भी मिल के मारपीट कर के जख्मी कर देलस। संध्या देवी ईहो आरोप भी लगवले बाड़ी कि जब मामला में घायल सभे के मशरख पीएचसी में इलाज करवला के बाद जब ऊ(संध्या देवी) अपना घरे अइली त उनकरा घर के ताला टूटल रहे, आ घर में राखल गहना के समेत आउर सामान भी गायब मिलल।

ओहिजा दूसर घटना थाना क्षेत्र के गोरहना गांव के बा जंहवा घर से बहरी शौच खातिर गइल एगो मेहरारू से छेड़खानी के प्रयास के मामिला प्रकाश में आइल बा, एह मामला में पीड़ित महिला के पति पंचित सिंह के द्वारा थाना में एगो मामला दर्ज करावल गइल बा। एह प्राथमिकी में कहल गइल बा कि प्रार्थी के पत्नी जब शौच करे गइल रहली ओही दौरान बदनियती से बहादुर सिंह उनकरा के बोलावे लगले, लेकिन जब पीड़िता ऊंहां से भागे लगली त आरोपी उनकर पीछा कऽ के उनकरा संगे मारपीट भी कइले। वोहिजा जब मशरख थाना प्रभारी से एह बारें पुछल गइल त ऊ बतवले कि पुलिस दूनू मामला में प्राथमिकी दर्ज कर के जांच कर रहल बा आ जल्दिए आरोपीयन के गिरफ्तार कर के सजा दिवावल जाई।

Related posts

Leave a Comment

eight − 4 =