भूकंप के झटकन से हिलल दिल्ली-एनसीआर समेत उत्तर भारत

समाचार डेस्क, भोजपुरी समय, नई दिल्लीः  दिल्‍ली-एनसीआर समेत देश के कइगो हिस्‍सा में भूकंप के तेज झटका महसूस कइल गइल ह। भूकंप के ई झटका रात 10 बजके 34 मिनट पर महसूस कइल गइल। प्राप्‍त जानकारी के मोताबिक भूकंप के झटका पंजाब, जम्‍मू कश्‍मीर, हरियाणा, राजस्‍थान, गुजरात समेत उत्‍तर भारत के कइगो इलाकन में महसूस कइल गइल। राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र के अनुसार भूकंप के तीव्रता 6.3 मापल गइल बा। ओहिजा एह भूकंप के केंद्र ताजिकिस्‍तान में जमीन से 80 किलोमीटर नीचे बताया जा रहल बा। समाचार एजेंसी रॉयटर के रिपोर्ट के मुताबिक भूकंप के केंद्र ताजिकिस्तान-शिनजियांग सीमा क्षेत्र में रहल।

ओहिजा नेशनल सेंटर फॉर सीस्मोलॉजी (एनसीएस) बतवलस कि पंजाब के अमृतसर में एह भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पर 6.1 नापल गइल बा।  समाचार चैनलन के मोताबिक नेशनल सेंटर फॉर सीस्मोलॉजी के कहनाम बा कि भूकंप के केंद्र अमृतसर में रहे। एनसीएस के मुताबिक अमृतसर में रात 10:34 बजे आइल एह भूकंप के केंद्र जमीन से 10 किलोमीटर नीचे रहे। एह भूकंप के झटका एतना तेज रहे कि लोग में दहशत फइल गइल आ लोग अपना-अपना घरन से बाहर निकल अइले।

Related posts

Leave a Comment

five − one =