
भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय,पानापुर(सारण):- कोरोना वायरस के संक्रमण के फइले से बचावे के उद्देश्य से सरकार आ विश्व स्वास्थय संगठन के सलाह आ सरकार के द्वारा लोग के एक जगहा बिटोरइला पर प्रतिबंध के कारण पानापुर प्रखंड के रामपुररुद्र बाजार स्थित विद्यावती कॉम्प्लेक्स में पछिला कई बसिर से आयोजित चइत नवरात्री के मौका पर अबकीर कवनो सांस्कृतिक कार्यक्रमन के आयोजन ना होई। एह बात के निर्णय शुक के दिने क्रोंध पंचायत के मुखिया रूबी देवी के रामपुररुद्र स्थित आवास पर पूजा समिति के सदस्यन के बइठक में लिहल गइल। पूजा समिति के अध्यक्ष रामलगन साह बतवलें कि देश आज कोरोना वायरस के समस्या से जूझ रहल बा। देशहित सर्वोपरि बा। देशहित में समिति ई निर्णय लिहले बा कि एहबेर सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन ना कइल जाई। ओहिजा दुर्गापूजा के मौका पर कमिटी के सदस्य विधि व्यवस्था सुव्यवस्थित बनइहें जवना से कि भीड़भाड़ से बांचल जा सके। एह मौका पर व्यवस्थापक आलोक सिंह, सचिव रंजीत साह, कौशल किशोर सिंह, राजन सिंह, बबलू सिंह, बलराम साह सहित पूजा समिति के अन्य सदस्य उपस्थित रहले।