मशरक के आरबीएस डॉक्टर के संगे पुलिस मारपीट मामला अपडेट-मारपीट करे वाला एएसआई भइले निलंबित
भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख (सारण): आज सबेरे मशरक पीएचसी में कार्यरत आरबीएस चिकित्सक से मारपीट के घटना के सामने अइला आ सोशल मीडिया एवं मुख्य मीडिया में एह घटना के प्रकाशित भइला के बाद सारण के एसपी के आदेश पर मढ़ौरा डीएसपी जांच के बाद आपन रिपोर्ट सारण एसपी हरिकिशोर राय के सौप दिहलें बाड़ें। ओहिजा डीएसपी के रिपोर्ट पर तुरंत एक्शन लेत सारण के एसपी हरिकिशोर राय तत्काल प्रभाव से संबंधित एएसआई के निलंबित कर दिहले बाड़े। एह संबंध में एसपी ऑफिस से जारी आदेश के कॉपी के मोताबिक एह दौरान निलंबित एएसआई के उनकरा के सामन्य जीवनयापन भत्ता पर पुलिस केंद्र छपरा मुख्यालय में रही।