देवघर से धराइल साइबर अपराधी, चारगो एटीएम कार्ड आ एगो बैंक पासबुक जब्त

पुलिस के गिरफ्त में साइबर अपराधी भास्कर कुमार

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः  जमशेदपुर के साइबर पुलिस के एगो बड़ कामयाबी हाथए लागल बा। साइबर पुलिस के टीम देवघर से एगो साइबर अपराधी पकड़े में कामयाब भइल बा। देवघर में अपराधी के पकड़लला के बाद पुलिस टीम ट्रेन से बुधवार के भोरे-भोरे लेके जमशेदपुर पहुंचल। पुलिस के एह अपराधी के लगे से चारगो एटीएम कार्ड, एगो बैंक पासबुक आ एगो मोबाइल फोन बरामद भइल बा। उहंई एह अपराधी के नाम भास्कर कुमार आ ऊ देवघर के रहेवाला बा। पुलिस के जांज में भास्कर के बैंक खाता में कइगो लेनेदेन के बात निकल के आइल बा।

लिखित शिकायत के आधआर पर पुलिस शिकाइत दर्ज कर कइलस कार्रवाई

एह मामला में साइबर थाना में सोनोरी परदेसी पाड़ा निवासी जसमीत कौर के बयान पर लिखित शिकायत दर्ज कइल गइल रहे। जसमीत के मोताबिक उनकरा आईसीआईसीआई बैंक के सैलरी खाता से 29,994 रुपया के अवैध निकासी कर लिहल गइल रहे। जसमीत पुलिस के बतवले रहली कि नौ फरवरी के उनका मोबाइल पर कॉल आइल रहे कि उनका उपना फओन के फोन पे एप के अपग्रेड करे के पड़ी। एह काम खातिर उनका के एगो लिंक भेजल गइल बा। जसमीत के द्वारा एह लिंक पर क्लिक करते ही उनकरा खाते में से 4,999 रुपया के हिसाब से छव बेर में कुल 29,994 रुपया कट गइल रहे। गौरतलब बात ई बा कि ई सारा रुपया देवघर के आंध्रा बैंक के खाते में ट्रांसफर कइल गइल रहे। ओहिजा एह खाता के खाताधारक के रुप में बैंक में भास्कर कुमार के नांव दर्ज रहे। पुलिस के अपना जांज में पता चलल की भास्कर अबहीं देवघर में ही बा, जेकरा बाद साइबर सेल के टीम देवघर पुलिस के संगे मिलके भास्कर के ओकरा घर से गिरफ्तार कर लिहलस। पुलिस भास्कर से ओकरा आउऱी साथियन के बारे में पता लगा रहल बा।

 

Related posts

Leave a Comment

3 + 20 =