भारत में कोरोना के मरीजन के संख्या सौ पार, दू गो मरीजन के मउत

कोरोना वायरस COVID19

कोरोना वायरस COVID19नई दिल्ली

सगरी देश में अबले कोरोना से संक्रमण के कुल्ह 101 गो ममिला सोझा आइल बा। आ सूचना बा कि दूगो मरीजन के कोरोना संक्रमण के कारन मउत हो गइल बा। मरे वाला दून्नू मरीजन के उमिर 70 बरिस से ऊपर बा।

सभसे बेसी संक्रमण के केस महाराष्ट्र में पावल गइल बा। महाराष्ट्र में कुल्ह 36 मरीज कोरोना से संक्रमित भ इल बाड़े। केरल में बाइस, हरियाणा में चौदह अउरी उत्तर प्रदेश में ग्यारह गो संक्रमण के केस सोझा आइल बा।

अबले कोरोना वायरस के संक्रमण से जहाँ दू गो मरीजन के  मउत भइल बा तऽ अबले ओही जा दस गो मरीज ठीक हो गइल बाड़े।

कोरोना वायरस अबले 120 से अधिका देशन में फइल गइल बा अउरी एह वायरस से मरे वाला लोगन संख्या दिन बीतला के संगे बढ़त जात बा।

Related posts

Leave a Comment

15 − 8 =