कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह 7,237 केस भइल

लखनऊ

पिछिला 24 घंटा में आज 28 मई साँझ ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के 246 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 7,237 केस हो गइल बा।

आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 2,820 केस एक्टिव बा अउरी अबले 4,062 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 71 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 7 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 189 हो गइल बा।

उत्तर प्रदेश में अब ले सभसे बेसी बढ़त 21 मई के 340 केस बढ़ल रहल।

उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले खाली 2,40,588 टेस्ट भइल बा। आबादी के हिसाब से ई बहुत कम बा।

Related posts

Leave a Comment

three × 2 =