नई दिल्ली
कोरोना वायरस के प्रकोप के देखत राष्ट्रीय स्वयंसेवक संघ (आरएसएस) आपन सालाना बैठक ‘अखिल भारतीय प्रतिनिधि सभा’ स्थगित कऽ देले बा।
ई बैठक बेंगलुरु में 15 मार्च से 17 मार्च तक होखे वाला रहलि हऽ। ‘अखिल भारतीय प्रतिनिधि सभा’ के बैठक आरएसएस के सभसे बड़ सालाना बैठक हऽ जेवना में संघ के साल भर क गतिविधि पऽ चर्चा अउरी निर्यनय होला।
एह संबंध में आरएसएस के सरकार्यवाह सुरेश भैयाजी जोशी के ओर से जारी बयान करत आज ‘अखिल भारतीय प्रतिनिधि सभा’ स्थगित करे से सूचना दिहल गइल।
मा. सरकार्यवाह सुरेश (भय्याजी) जोशी का वक्तव्य : pic.twitter.com/q148b9lRpy
— RSS (@RSSorg) March 14, 2020