नई दिल्ली
चारों ओर एह बात के संभावना जतावल जात रहल हऽ कि केन्द्र सरकार के कोरोना के कम्यूनिटी ट्रॉसमिशन रोके खाती लागू कइल गइल वर्तमान के 21 के लॉकडॉउन के आगे बढ़ा सके ले।
बाकिर आज केन्द्र सरकार एह लॉकडॉउन के आगे बढ़ावे के केवनो योजना के नकार देले बे। कैबिनेट सेक्रटरी राजीव गौबा आज बयान जारी करत साफ कइलन हँ कि सरकार के लॉकडॉउन के आगे बढ़ावे के केवनो योजना नइखे।