कोरोना वायरस अपडेट: कुल्ह 223 गो ममिला, 23 डिस्चार्ज, 4 मरीजन के मउत

coronavirus outbreak कोरोना वायरस

coronavirus outbreak कोरोना वायरसनई दिल्ली

दिन बीतला के संगे कोरोना से संक्रमित होखे वाला मरीजन के संख्या देश में बढ़त जात बा। देश के केएम गो राज्यन में एकर संक्रमण पहुँच गइल बा।

20 मार्च 2020 के देर रात ले देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 223 गो ममिला सोझा आइल बा। एह मरीजन में स्वास्थ्य मंत्रालय के सूचना के हिसाब से अबले चार गो मरीजन के कोरोना संक्रमण के कारन मउत हो गइल बा। मरे वाला मरीजन में एक-एक मरीज दिल्ली, महाराष्ट्र, कर्नाटक अउरी पंजाब से बाड़े।

सभसे बेसी संक्रमण के कुल्ह 51 गो ममिला महाराष्ट्र में पावल गइल बा। केरल में 28, हरियाणा में 17, दिल्ली में  17, राजस्थान में 17, कर्नाटक में 15, तेलंगना में 18, लद्दाख में 10 अउरी उत्तर प्रदेश में 23 संक्रमण के केस सोझा आइल बा।

भारत में कोरोना संक्रमण के मरीजन के संख्या तेजी से बढ़ रहल बा बाकिर संतोष के बात ई बा कि कोरोना के मरीज अब धीरे-धीरे डिस्चार्ज हो रहल बाड़े। स्वास्थ्य मंत्रालय के हिसाब से अबले कुल्ह 23 गो मरीज डिस्चार्ज हो गइल बाड़े। डिस्चार्ज होखे वाला मरीजन में सभसे बेसी 9 गो ममिला उत्तर प्रदेश के बा। खबर बा कि राजस्थान में कुछ मरीज ठीक भइल बाड़े।

कोरोना वायरस अबले 150 से अधिका देशन में फइल गइल बा अउरी एह वायरस से मरे वाला लोगन संख्या दिन बीतला के संगे बढ़त जात बा।

Related posts

Leave a Comment

4 × two =