कोरोना के कारन भारत आपन बार्डर कइलस सील

coronavirus outbreak कोरोना वायरसनई दिल्ली

कोरोना वायरस के प्रकोप के देखत भारत सरकार आपन बार्डर के सील करे के फैसला लेले बिया। भारत पाकिस्तान, नेपाल, भूटान, म्यांमार अउरी बांग्लादेश से लागत आपन बार्डर सील कऽ के आवागमन पऽ रोक लगा देले बा।

गृह मंत्रालय के बयान के हिसाब से अगिला आदेश के जारी भइला तक भारत के पड़ोसी देशन से लागे वाली सीमा से केवनो आवाजाही बंद रही।

https://twitter.com/PIBHomeAffairs/status/1239027349946945536

अबले कोरोना वायरस के संक्रमण से भारत में जहाँ दू गो मरीजन के  मउत भइल बा तऽ अबले ओही जा दस गो मरीज ठीक हो गइल बाड़े।

कोरोना वायरस अबले 120 से अधिका देशन में फइल गइल बा अउरी एह वायरस से मरे वाला लोगन संख्या दिन बीतला के संगे बढ़त जात बा।

Related posts

Leave a Comment

four × 3 =