नई दिल्ली
आज 23 मार्च सोमार साँझ ले देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 480 गो कंफर्म ममिला सोझा आइल बा। एह मरीजन में से 9 मरीजन गो मरीजन के कोरोना संक्रमण के कारन मउत हो गइल बा। पिछिला 24 घंटा में देश में कोरोना वायरस संक्रमण के 100 गो से अधिका ममिला सोझा आइल बा।
सभसे बेसी संक्रमण के कुल्ह 86 गो ममिला महाराष्ट्र में पावल गइल बा।
बढ़त प्रकोप के देखत देश के कई गो राज्य के अनेक जिलन के लॉकडॉउन कऽ दिहल गइल बा। लॉकडॉउन करे वाला राज्यन में दिल्ली, उत्तर प्रदेश, राजस्थान, महाराष्ट्र, बिहार, पंजाब, उत्तराखंड, छत्तीसगढ़, जम्मू-कश्मीर, तेलंगाना, आंध्र प्रदेश, नागालैंड, अरुणाचल प्रदेश शामिल बाड़े। उम्मीद बा दोसरो राज्य जल्दिए प्रभावित जिलन के लॉकडॉउन कऽ दिहें सऽ।