कोरोना के दस मरीज भइलें ठीक, सभसे बेसी उत्तर प्रदेश में ठीक होखे वालन के संख्या

कोरोना वायरसनई दिल्ली

अबले के सूचना के हिसाब से कोरोना वायरस के संक्रमण से कुल्ह दू गो मरीजन के  मउत भइल बा। बाकिर सकारात्मक सूचना ई बा कि अबले कोरोना वायरस से संक्रमित दस गो मरीज ठीक हो गइल बाड़े।

ठीक होखे वाला मरीजन में सभसे बेसी संख्या उत्तर प्रदेश बा। अबले ठीक होखे वाला मरीजन में पाँच गो उत्तर प्रदेश से, दू गो दिल्ली से, दूगो केरल से अउरी एगो राजस्थान से बाड़े।

सूचना के हिसाब से अबले सभसे बेसी संक्रमण के 36 गो केस महाराष्ट्र में पावल गइल बा। केरल में 22, हरियाणा में 14 अउरी उत्तर प्रदेश में 11 गो संक्रमण के केस सोझा आइल बा।

सगरी देश में अबले कोरोना से संक्रमण के कुल्ह 104 गो ममिला सोझा आइल बा। आ सूचना बा कि दूगो मरीजन के कोरोना संक्रमण के कारन मउत हो गइल बा। मरे वाला दून्नू मरीजन के उमिर 70 बरिस से ऊपर बा।

कोरोना वायरस अबले 120 से अधिका देशन में फइल गइल बा अउरी एह वायरस से मरे वाला लोगन संख्या दिन बीतला के संगे बढ़त जात बा।

Related posts

Leave a Comment

1 × 4 =