प्रथम परवरिश फाउंडेशन मशरक में कोरोना योद्धन के कइलस सम्मानित

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय,मशरख(सारण): प्रथम परवरिश फाउंडेशन आ नेशनल आरटीआई फोरम संस्था के संयुक्त तत्वाधान में मशरख प्रखंड कार्यालय परिसर में कोरोना काल में ग्राउंड जीरो पर काम कर रहल स्वास्थ्यकर्मी, चिकित्साकर्मी, पुलिस आ प्रशासनिक अधिकारी, मीडियाकर्मी, एंबुलेंस चालक,सफाईकर्मी सहित सामाजिक कार्यकर्त्ता के संस्था अंगवस्त्र आ प्रशस्ति पत्र देके सम्मानित कइलस हऽ। एह दौरान मुख्य रूप से मशरख प्रखंड के सीओ ललित कुमार सिंह,बीडीओ राजीव कुमार सिन्हा, पीएचसी प्रभारी डॉ अनंत नारायण कश्यप, थानाध्यक्ष रत्नेश कुमार वर्मा समेत मीडियाकर्मी, एम्बुलेंस चालक, सफाईकर्मी सहित सामाजिक कार्यकर्त्ता लोग सम्मानित भइले हं। एह अवसर पर राष्ट्रीय बजरंग दल के जिला अध्यक्ष दुर्गेश कुमार गुप्ता कहलें हं कि जवना प्रकार से देश अबहीं गहिराह संकटन के दौर से गुजर रहल बा, अइसन में ई कर्मवीर कोरोना योद्धा अपना साहस के संगे निस्वार्थ भाव से पूरा तन्मयता के संगे धरातल पर जवन काम कर रहल बा लोग, ऊ सराहनीय आ काबिले तारीफ बा। अइसन कोरोना योद्धा लोग के सम्मानित कऽ के संस्था गौरव के अनुभूति महसूस कर रहल बा। ओहिजा संस्था के अध्यक्ष कुँवर सोनू सिंह बतवले कि संस्था प्रदेश के कई जिला में अलग-अलग संस्था सं के संगे मिलके जिला के स्थानीय स्वयंसेवक आ शासन-प्रशासन के सहयोग कर रहल बा। एकरा अलावा कोरोना कर्मवीर योद्धन के संगे संगे जरूरतमंद लोगन तक राशन सामग्री, भोजन, मास्क, सेनिटाइजर, हैंडवास, साबुन सहित जरूरत के सामग्री पहुंचात सेवा-भाव से हर संभव निरंतर मदद कर रहल बा। एह मौका पर नंदन बाबा, राकेश सिंह, दिनेश कुमार,अतुल पांडेय, अमरेन्द्र तिवारी, डब्लू सिंह,प्रमोद मिश्रा काकापुरी, सोनू सिंह, कुमार रजनीश उर्फ झुन्ना पांडे, गंगा वाहिनी राजेश सिंह, अनमोल कुमार, गोलू कुमार सहित कई कार्यकर्त्ता सोशल डिस्टेंसिंग के पालन करत मास्क पहिन के उपस्थित रहल हऽ लोग।

Related posts

Leave a Comment

7 + two =