
भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय, मशरक (सारण): बिहार राज्य शिक्षक संघर्ष समन्वय समिति के तत्वावधान में शुक्रवार के शिक्षकन के बेमियादी हड़ताल के 32 वां दिने “कोरोना वायरस भगाओ देश बचाओ” अभियान के तहत मशरक बाजार सिद्धिदात्री मंदिर परिसर में कोरोना वायरस से बचाव खातिर जन जागरूकता अभियान के शुरुआत भइल। एह दौरान हैंड सेनीटाईजर से लोगों के हाथ धोवाके जागरुक कइल गइल। एह जन जागरूकता अभियान के शुरुआत शिक्षक नेता धर्मेंद्र कुमार कुशवाहा कइले। एह दौरान हड़ताली शिक्षकन के द्वारा लोगन कोरोना वायरस संक्रमण से बचाव खातिर जरूरी जानकारी भी दिहल गइल आ राहगीरन आउरी क्षेत्रीय नागरिकन के बीचे जन जागरूकता के संदेशो दियाइल।
एह अभियान में शामिल शिक्षक लोग बतावल कि शनिचर के बहरौली पंचायत में जन जागरूकता अभियान चलावल जाई। एह मौके पर शिक्षक नेता सह प्रखंड अध्यक्ष धर्मेंद्र सिंह, लव सिंह कुशवाहा, जिला उपाध्यक्ष अरविंद कुमार सिंह, डॉ कमल किशोर ठाकुर, नूर आलम, सुरेंद्र सिंह कुशवाहा, अनिल मिश्रा, मेराज आलम, श्रीकांत यादव, चंदन सिंह, विकास शर्मा, शिव शंभू सिंह, ललन ठाकुर आदि सैकड़ों हड़ताली शिक्षक मौजूद रहलें।