बहरौली पंचायत में हड़ताली शिक्षकन के द्वारा चलावल गइल जन जागरण जागरूकता अभियान

बहरौली पंचायत में हड़ताली शिक्षकन के द्वारा चलावल गइल जन जागरण जागरूकता अभियान

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय, मशरख (सारण): कोरोना वायरस से बचाव खातिर जहां विश्व स्वास्थय संगठन आ सरकार अपना अपना स्तर पर जन जागरुकता अभियान चला रहल बा। ओहिजा बिहार में धरना पर बइठल बिहार राज्य शिक्षक संघर्ष समन्वय समिति के तत्वधान में 34 वां दिने प्रखंड इकाई मशरख के हड़ताली शिक्षकन के द्वारा नोवेल कोरोना वायरस (covid- 19) जइसन महामारी से बचाव खातिर शुक्रवार से शुरु भइल जन जागरुकता अभियान आज पंचायत राज बहरौली पंचायत के दलित,  महादलित , पिछड़ा, अति, पिछड़ा आ अल्पसंख्यक बस्तियन में चलल हऽ। हड़ताली शिक्षकन के एह अभियान के बहरौली पंचायत के मुखिया अजीत कुमार सिंह के भी समर्थन आ सहजोग मिलल हऽ। पंचायत के मुखिया के अजीत कुमार सिंह बतवलेहन कि माननीय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा बियफे के रात में टीवी के माध्यम से कोरोना से बचाव खाति एक दिन के जवन जनता कर्फ्यू के बारे में विस्तृत रूप से बतावल गइल बा ओहि जनता कर्फ्यू आ जन जागरूकता खातिर ई अभियान हड़ताली शिक्षक लोग के द्वारा चलावल जा रहल बा।

ऊ इहो कहलें कि शिक्षक लोग के ई कदम सराहनीय बा। एह दौरान ग्राम पंचायत राज बहरौली के आम जनता के कोरोना वायरस जइसन महामारी से बांचे खातिर उपाय बतावल गइल। एह दौरान शिक्षकन के आंदोलन के बारे में सवाल पुछला पर बहरौली के मुखइय अजित कुमार सिंह कहलें कि ऊ अपना आ जिला के सभ पंचायत प्रतिनिधि लोग के स्तर पर सूबा के माननीय मुखिया श्री नीतीश कुमार जी से आग्रह कइले बानी कि शिक्षक लोगन के न्यायोचित मांगन के मान के शिक्षा के बदहाल स्थिति के सुधार करे के कृपा कइल जाए। एह दौरान शिक्षक नेता सह प्रखंड अध्यक्ष धर्मेंद्र सिंह कुशवाहा, जिला उपाध्यक्ष अरविंद कुमार सिंह,  लव सिंह कुशवाहा,  रामा शंकर साहनी,  चंदन सिंह, विकास शर्मा, पुरुषोत्तम कुमार, अभय पांडे, पवन पांडे, अरविंद सिंह, लग्नेश सिंह, ललन प्रसाद, दिनेश राम, मेराज अहमद, प्रिंस बाबा सहित कई अन्य गणमान्य लोग जागरूकता अभियान में शामिल रहलें।

Related posts

Leave a Comment

ten − six =