देश में कोरोना संक्रमण के बढ़ल मामला, अबले 700 से अधिका लोग भइलें संक्रमित

देश में कोरोना संक्रमण के बढ़ल मामला, अबले 700 से अधिका लोग भइलें संक्रमित

भोजपुरी समय, नई दिल्लीः कोरोना के संक्रमण के फइले से रोके के तमाम उपाय कइला के बावजूदो देश में एकरा से संक्रमित मरीजन के संख्या लगातार बढ़ रहल बा। बियफे के ई तादाद सात सौ के पार पहुंच गइल। ई संक्रमण अबहीं तक देश के 27 राज्यन तक पहुंच चुकल बा। पछिला सोरह(16) दिन में 19 गो कोरोना के पॉजिटिव मरीजन के मौत हो चुकल बा।ताजा जानकारी के अनुसार मध्य प्रदेश के इंदौर में 35 बरिस के एगो मरीज के मौत एह वायरस के कारण हो गइल बा।

देश में एतना कम उमिर में कोरोना से मौत के पहिला मामला  

इंदौर में मात्र पैंतिस बरिस के उमिर में कोरोना के संक्रमण से भइल मरीज के मौत के पहिला मामला बा। मध्य प्रदेश के अलावा बियफे के जम्मू-कश्मीर के श्रीनगर में 65 बरिस के एगो मरीज, महाराष्ट्र के मुंबई में 65 बरिस के, गुजरात के भावनगर में 70 बरिस के बुजुर्ग आ राजस्थान के भीलवाड़ा में एगो मरीज के जान चल गइल बा। एकरा अलावा कर्नाटक में भी 75 बरिस के एगो महिला के मौत हो गइल बा।

एतना मौत भइला के बादो लोग घर से बहरी निकले से नइखन मानत

बाकिर एतना भइला के बादो लोग अबहूं भी घर के बहरी निकले से बाज नइखन आ रहल। कोरोना वायरस से जुड़ल हालात पर मीडिया के जानकारी देत स्वास्थ्य मंत्रालय के संयुक्त सचिव लव अग्रवाल कहलें कि, ‘अबहीं ले ई कहे खातिर कवनो पुख्ता साक्ष्य नइखे कि भारत में कोरोना वायरस संक्रमण के प्रसार समुदाय के स्तर पर हो रहल बा।’ ऊ एस बात से भी इंकार कइलें कि ई वायरस मच्छरों के जरिए फइलऽता।

आम जनता के आश्वासन देत अग्रवाल कहलें कि भारत कोरोना वायरस संक्रमण के चुनौती से निपटे खातिर तइयार बा। अग्रवाल आगे कहलें कि, ‘अगर हमनी 100 प्रतिशत सामाजिक मेलजोल कम करे में सफल रहनी सं त हमनी कोरोना वायरस संक्रमण के प्रसार श्रंखला के प्रभावी तरीके से तुड़ सकेब सं।’ओहिजा, विदेश मंत्रालय के कहनाम बा कि यात्रा प्रतिबंधन के संबंध में मंत्रि समूह के बइठक में चर्चा भइल बा आ चर्चा में का निर्णय भइल बा ई बात के जानकारी जल्दीए जनता के दे दिहल जाई।

Related posts

Leave a Comment

15 − 11 =