कोरोना के लेके बहरौली मुखिया बइठक कऽ के कर रहल बाडें लोग के जागरूक

भोजपुरी समय, ध्रमेंद्र पांडेय, बहरौली(सारण): बिहार सरकार के मुख्य सचिव के दिशा निर्देश मिलला के बाद छपरा जिला के मशरख प्रखंड के बहरौली पंचाइत के मुखिया अजित सिंह हर वार्ड में बइठक कऽ के जनप्रतिनिधियन तथा सरकारी कर्मियन के कोरोना वायरस से बचाव के बारे में बता रहल बाडें।एकरा अलावा अजित सिंह सभ लोग से अपना संगे संगे दोसरा के भी कोरोना वायरस के संक्रमण से बचावे के निहोरा कर रहल बाडें। एही क्रम में ऊ बइठक में उपस्थित सभे पंचायत क्रमियन आ पंचायत सदस्यन जागरूक करत निहोरा कइले कि रउआ लोग अपना अपना वार्ड आ पंचायत के दुआरी-दुआरी जा के सभ परिवार से हाथ जोड़ के निहोरा करीं कि लोग घर में ही रहो आ अगर कवनो जरुरत के सामान लेबे के बा तबहीं घर से बहरा निकलो। एकरा अलावा लोग के इहो समुझावे के कहलें कि जदि हमनी के बीचे देश के भा बिदेस से केहू आ रहल बा त ओह व्यक्ति के घर के कवनो एगो कमरा में 14 दिन तक परिवार के बाकी सदस्यन से अलग राखल जाए। एकरा अलावे अगर कतेहू भी व्यक्ति में कोरोना वायरस के लक्षण लउके त रउआ सभे तुरंत हमरा(मुखिया अजित सिंह) के फोन से चाहे कवनो भी नजदिकी जनप्रतिनिधि से खबर करवाईं। अजित सिंह लोग के भरोसा दिववले कि ऊ जनता के सेवा आ मदद करे खातिर हरदम तइयार बाड़े। एह मौका पर सरपंच फुलेश्वर प्रसाद राय, उप सरपंच जयकिशोर प्रसाद, पंचयात सचिव रवीन्द्र नाथ राय, बीडीसी प्रतिनधि मुन्ना जी,आंगनबाड़ी सेविका आ तमाम वार्ड तथा पंचायत सदस्य लोग उपस्थित रहल।