कोरोना के चलते टाटा स्टील लगवलस रोक

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः दुनिया के संगे संगे देशभर में फइलल कोरोना के असर देखे के मिलता। जहां देश दुनिया में लोग आ सरकार कोरोना के चलते हर तरह के प्रतिबंध लगा रहल बा, त अइसने में टाटा स्टील के नाम भी एह लिस्ट में आ गइल बा। कोरोना के फइलत प्रभाव के कारन टाटा स्टील ऐतिसाहिक कदम उठावत सूचना जारी कइले बा। एह सूचना के ओकरा कंपनी के सभ कर्मचारी आ अधिकारी लोग के सारा ब्यापारिक यात्रा के तत्काल प्रभाव से रोक लगावल जाता।

तत्काल प्रभाव से लागू होखी रोक

कंपनी के कर्मचारियन के नांव से जारी अपना संदेश में टाटा स्टील के एमडी के प्रिंसिपल एक्सयूक्टिव ऑफिसर चैतन्य भानु कहले कि ई रोक तत्काल प्रभाव से लागू कइल जा रहल बा। एह आदेश में ऊ कहलें कि कंपनी के पंरबंधन के ओर से जब ले अगिला आदेश तक कवनो भी कर्मचारी आ अधिकारी कवनो बिज़नेस यात्रा जइसे कि हवाई, रेल भा सड़क यात्रा ना करस। अगर कवनो आपात स्थिति जवना में आइल-गइल जरूरी  बा, त एकरा ला अधिकारी लोग के इजाजत कंपनी के आईएल-1 स्तर के अधिकारी चाहे पीईओ से लेबेके पड़ी। एकरा अलावा विदेशी दौरा के भी पहिलहीं से रोक लगा दिहल गइल बा।

Related posts

Leave a Comment

sixteen + eleven =