मशरख प्रखंड में जनप्रतिनिधि आउर अधिकारीयन के संगे मुख्यमंत्री कइलें विडियो कांफ्रेंसिंग

मशरख प्रखंड में जनप्रतिनिधि आउर अधिकारीयन के संगे मुख्यमंत्री कइलें विडियो कांफ्रेंसिंग

जनप्रतिनिधियन के संगे कॉन्फ्रेंसिंग करत मुख्यमंत्री नीतीश कुमार

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख (सारण): आज सूबा के मुख्यमंत्री नितीश कुमार प्रखण्ड के सब अधिकारी आ जनप्रतिनिधि के संगे विडियो कॉन्फ्रेंसिंग कइलन। एह विडियो कॉन्फ्रेंसिंग में मुख्यमंत्री बतवलेंह कि सरकार कोरोना वायरस के महामारी के एक बहुत बड़ आपदा के नजर से देखत बा,  आउर क्वारेंनटाइन सेंटर पर रहे वाला लोग के खानपान आ बाकी वयवस्था खातिर आपदा प्रबंधन बिभाग के जिम्मेदारी संउपल गइल बा। एह काम खातिर पंचम राज्य वित् आयोग से राशि पंचायत के माध्यम से खर्चा होखी। यदि प्रखण्ड में केहू बाहर से (देश आ परदेस) से आवत बा ओकर मेडिकल जांच करवा के पंचायत में बनल सेंटर पर चउदह दिन राखे के बा। एह अवसर पर जनप्रतिनिधियन पदाधिकारी लोगन से निहोरा करत ऊ कहलें कि रउरा सभ जनप्रतिनिधि आ पदाधिकारी कोरोना के एह जंग में आपन योगदान दीं त हमनी निश्चित ही एह जंग में जीत सकतानी।

सीएम के विडियो कॉन्फ्रेंसिंग में शामिल जनप्रतिनिधि आ पदाधिकारी

विडियो कॉन्फ्रेंसिंग के समाप्त भइला पर बीडीओ राजीव कुमार सिन्हा बतवलेंह की कोरोना वायरस पूरा दुनिया में फइलल बा, आज कोरोना वायरस के मरीज में कमी नइखे होत, एकरा अलावा कुछ दिन से दोसरा राज्यन में रोजगार बंद भइला से बाहर से आवेवाला लोगन के संख्या भी बढ़त जा रहल बा। जवना से प्रखण्ड स्तर पर जांच कर के पंचायत में बनल शिविर में रखे के इंतजाम कइल बा। बाहर से आइल लोग के कवनो परिस्थिति में सीधा अपना घरे नइखे जाएके। एकरा खातिर पंचायत के मुखिया लोग का तत्पर रहेके पड़ी आ अपना-अपना पंचायत में लोग के जागरूक करेके पड़ी। विडियो कॉन्फ्रेंसिंग में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी सहित सचिव स्तर के अधिकारी मौजूद रहलें। मुख्यमंत्री के ये विडीओ कॉन्फ्रेंसिंग में प्रखंड के बीडीओ राजीव कुमार सिन्हा, सीओ ललित कुमार सिंह, थाना प्रभारी रत्नेश कुमार वर्मा, पीएचसी प्रभारी डॉ अनंत कश्यप, प्रखण्ड प्रमुख जीतेन्द्र राय, मुखिया संघ अध्यक्ष प्रतिनिधि अमर सिंह, बहरौली मुखिया अजित सिंह समेत प्रखण्ड के आधा दर्जन जनप्रतिनिधि लोग उपस्थित रहल।

Related posts

Leave a Comment

16 − eleven =