चूल्हा से निकलल चिंगारी से लागल आग,  दूगो घर भइल स्वाहा

चूल्हा से निकलल चिंगारी से लागल आग,  दूगो घर भइल स्वाहा

भोजपुरी समय,धर्मेंद्र पाण्डेय, मशर(सारण): छपरा के मशरख प्रखण्ड के बहरौली पंचायत के देवरिया में नाहर के किनारा फुस से बनल टाटी में खाना पकावत घरी चुल्हा से निकलल आगि के चिंगारी से दूगो  महादलित परिवारन के घर जर के राख हो गइल। जानकारी के मोताबिक एतवार के सबेरे खाना बनावे के समय चूल्हा से चिंगारी उड़ला से लागल आग में सब कुछ जर के राख हो गइल। आगजनी के एह घटना में देवरिया गांव निवासी उमरावती कुँवर पति स्व. हरिहर डोम आ बेबी देवी पति रूपेश डोम के रूप में में पीड़ित परिवार के पहचान भइल बा। पीड़ित परिवार के उमरावती कुँवर बतवली की ऊ सबेरे खाना बनावत रहली हऽ ओही दौरान चूल्हा से चिंगारी उड़ला से टाटी में आग लाग गइल ह, आ देखते देखते आग आपन बिकराल रूप ध लेलस ह, आस-पड़ोस के लोग जब तक आग पर काबू पइते तब तक दूनू परवार के टाटी में राखल खाए-पिए के सामान, आ आउरी सभ सामान जर के राख हो गइल। एकरा अलावा पीड़िता के एगो बकरी सहित लगभग पचास हज़ार के सम्पति जर के राख हो गइल बा। जानकारी के मोताबिक पीड़ित परिवार के दू महीना बाद बेटी के बियाह रहल ह जवना में देवे खातिर रखल कुछ सामान भी जर गइल बा। ओहिजा मामला के जानकारी भइला पर पंचायत के मुखिया अजित सिंह के ओर से  पीड़ित परिवारन के मदद के रूप में चाउर, आटा, चिउरा मीठा आ नगद पांच सौ रुपिया साग-सब्जी खातिर दिहल गइल बा। एकरा अलावा मुखिया अजित सिंह के द्वारा स्थानीय सीओ ललित कुमार सिंह के फोन पर एह घटना के जानकारी भी दिहल गइल बा। मीडिया से एह घटना के बारे में बात करत  स्थानीय मुखिया अजित सिंह कहलन की दूनू पीड़ित परिवारन के सरकार के ओर से सहायता राशि दिवावल जाई आ फेर से घर बसावे में हर संभव सहायता कइल जाई।

Related posts

Leave a Comment

two × 3 =