छपरा में मिलल कोरोना पॉजिटिव, मचल हड़कंप

चाँदपुरा गांव के कंटेनमेंट जोन घोषित करे के संबंध में सरकारी आदेश के कॉपी

इसुआपुर के तीन किलोमीटर एरिया कंटेनमेंट जोन घोषित

बहरी आवे-जाए पर अगिला आदेश ले लागल रोक

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय,इसुआपुर(सारण): बिहार के सारण जिला के इसुआपुर प्रखंड के सहवाँ पंचाइत के चाँदपुरा गाँव में कोरोना से संक्रमित मरीज के मिलला के बाद आसपास के क्षेत्रन में संक्रमण के रोके खातिर सरकार के दिशानिर्देश के आलोक में प्रशासन चाँदपुरा गाँव से 3 किलोमीटर के परिधि में आवे वाला क्षेत्र के कंटेनमेंट जोन घोषित कऽ के सभ रास्ता के सील कर दिहले बा। जानकारी के मोताबिक इसुआपुर प्रखंड अन्तर्गत सभ रास्ता पर प्रशासन द्वारा पुलिस बल लगा दियाइल बा ताकि एह क्षेत्र से ना केहू बहरी जा सके आ ना केहू एह क्षेत्र में आ सके। प्रशासन के द्वारा एह प्रखंड के आतानगर मोड़ रोड, थाना चौक इसुआपुर रोड, गंगोई अतिरिक्त प्राथमिक स्वास्थ्य केन्द्र मोड़ रोड, अमरदह चौक रोड, शामकौड़ियाँ चौक रोड, अगौथर चौक रोड, पश्चिम टोला निपनिया चौक रोड, रामचौरा चौक रोड, हनुमान मंदिर पुरसौली एस एच- 90 चौक रोड, सलेमपुर पुरब टोला चौक रोड, हाईस्कूल इसुआपुर ग्रामीण सड़क, मानपुरसौली स्कूल चौक सड़क रोड के पुरा तरह से प्रशासन पुलिस बल के द्वारा सील कर दिहले बा।

Related posts

Leave a Comment

fourteen + six =