नवरात्र के छठा दिने होला देवी कात्यायनी के पूजा

ॐ चन्द्रहासोज्ज्वलकरा शार्दूलवरवाहना । कात्यायनी शुभं दद्याद्देवी दानव-घातिनी ॥ नवरात्र के छठा दिने देवी कात्यायनी के पूजा कइल जाला। देवी कात्यायनी शक्ति के नवगो रुप में से छठा रुप हईं। अमरकोष में पार्वती मइया खातिर जवन दूसर नांव बा ऊ ‘कात्यायनी’ ही बा। एकरा अलावा संस्कृत के कइगो शब्दकोशन में उमा, कात्यायनी, गौरी, काली, शाकुम्भरी, हेमावती आ ईश्वरी जइसन इनकर कइगो नांव पढ़े के मिलेला। स्कन्द पुराण में उल्लेख बा कि ई परमेश्वर के नैसर्गिक क्रोध से उत्पन्न भइल रहलीं, जे देवी पार्वती द्वारा दिहल गइल सिंह पर सवार होके…

Read More

गोपालगंज के लइका कइले कमाल, गांवें में बनवले हेलीकॉप्टर

एस के साधु, भोजपुरी समय, गोपालगंजः अगर मन में हौसला होखे आ कुछ करे के जज्बा त आदमी कुछु कर सकत बा। फेर ऊ समुद्र पर पुल बान्हे के काम होखे चाहे हवा में उड़े वाला हेलीकॉप्टर बनावे के काम। एही बात के चरितार्थ करत बिहार के गोपालगंज जिला के बरौली प्रखण्ड के बेलसड़ गांव के दुगो अनपढ़ लइका कुछ अइसन काम कइले बाड़े जवना के बारे में जान के सभे दांते अंगुरी काट रहल बा। धुन के पक्का बेलसड़ गांव के रहे वाला अमरजीत पासवान आ उनकर संघतिया धर्मेन्द्र,…

Read More

भोजपुरी के संस्कृति आ संस्कार के बचावे में जुटल बा जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया परिवार-ज्वाला सिंह

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमही मिश्र, गोपालगंजः  “वहाटस्एप पर शुरु भइल एगो ग्रुप से आज एगो बृहत परिवार में बदल गइल बा जय भोजपुरी झय भोजपुरिया संस्था। ई परिवार आज देश दुनिया में फइलल अपना सवाङंग-सवाङगीन का जरिए माई भाखा भोजपुरी के अश्लीलता से मुक्त करे आ एकरा संस्कार आ संस्कृति के बचावे में जुटल बा।” ई कहनाम रहे सारण भोजपुरिया समाज के सर्वप्रिय अध्यक्ष आ जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के वरिष्ठ सदस्य आ प्रमुख समाजसेवी ज्वाला सिंह के। श्री सिंह सोमार के दिने जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया नामक संस्था के…

Read More

बलिया में कोरोना वायरस के 72 मरीज, रिकवरी रेट 83.3%

बलिया बलिया में 17 जून के कोरोना वायरस संक्रमण के 4 गो नया ममिला सोझा आइल बा। एकरा बाद अब बलिया में करोना के कुल्ह 72 गो मरीज हो गइल बाड़ें। अब ले 60 मरीज ठीक भइला बाड़ें। बलिया में कोरोना वायरस संक्रमण के 40वां दिन हऽ अउरी रिकवरी रेट 83.33% हो गइल बा। सबसे बढ़िया बात ई बा कि बलिया में मरीज 7-11 दिन में ठीक हो रहल बाड़े जबकि राष्ट्रीय औसत लगभग 14-18 बा। बलिया 10 मई 2020 ले ग्रीन जोन रहल। 11 मई के पहिला केस आइल…

Read More

दिल्ली में अब ना होई बाहरी प्रदेश के लोगन के इलाज

अरविन्द केजरीवाल

नई दिल्ली देश के राजधानी दिल्ली के प्रदेश सरकार निरनय ले ले बिया कि दिल्ली में अब दिल्ली के बहरी के मरीजन के इलाज ना होई। ई आदेश काल्ह 7 जून के अउवे अउरी 8 जून 2020 से प्रभावी हो गइल। ई आदेश दिल्ली के राज्य सरकार अउरी प्राइवेट अस्पतालन पऽ लागू होई अउरी केन्द्र सरकार के अस्पतालन में पहिलहीं के नियर दिल्ली में देश भर के मरीजन के इलाज हो सकेला। एह आदेश के अइला के बाद सोशल मीडिया पऽ दिल्ली के आम आदमी पार्टी के अरविन्द केजरीवाल सरकार…

Read More

कोविड-19: 35 राज्य 2,16,824 मरीज

नई दिल्ली कोरोना के संक्रमण बढ़ि के अब भारत के 35 राज्यन में फइल गइल बा। आज 3 जून साँझ के देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 2,16,824 गो कंफर्म ममिला सोझा आइल बा। एह मरीजन में कुल्ह 1,04,071 मरीज ठीक हो गइल बाड़े आ 1,06,654 मरीजन के इलाज चल रहल बा। बाकिर एह बेमारी से कुल्ह 6,088 मरीजन के मउत हो गइल बा। एह मरीजन में से कुल्ह 74,860 मरीज अकेले महाराष्ट्र राज्य से बाड़े। राज्य पॉजेटिव केस डिस्चार्ज मौत 1 अंडमान निकोबार द्वीप 33 33 0 2…

Read More

कोविड-19: 35 राज्य 1,58,613 मरीज

नई दिल्ली कोरोना के संक्रमण बढ़ि के अब भारत के 34 राज्यन में फइल गइल बा। आज 28 मई के सबेरे देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 1,58,613 गो कंफर्म ममिला सोझा आइल बा। एह मरीजन में कुल्ह 67,753 मरीज ठीक हो गइल बाड़े। बाकिर एह बेमारी से कुल्ह 4,540 मरीजन के मउत हो गइल बा। एह मरीजन में से कुल्ह 56,948 मरीज अकेले महाराष्ट्र राज्य से बाड़े। राज्य पॉजेटिव केस डिस्चार्ज मौत 1 अंडमान निकोबार द्वीप 33 33 0 2 आंध्र प्रदेश 3117 2065 58 3 अरुणाचल प्रदेश…

Read More

कोविड-19 अपडेट: 34 राज्य, 131,422 मरीज, 3868 मरीज मरलन

कोरोना वायरस

नई दिल्ली कोरोना के संक्रमण बढ़ि के अब भारत के 34 राज्यन में फइल गइल बा। आज 24 मई के सबेरे 9 देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 131,422 गो कंफर्म ममिला सोझा आइल बा। एह मरीजन में कुल्ह 54385 मरीज ठीक हो गइल बाड़े। बाकिर एह बेमारी से कुल्ह 3868 मरीजन के मउत हो गइल बा। पिछिला कुछ दिनन से कोरोना संक्रमण के केसन में अचानक बढ़ोत्तरी भइल बा बाकिर सभसे बढ़िया के बात ई बा कि अबले कुल्ह केसन के 41.3 प्रतिशत मरीज ठीक हो गइल बाड़े…

Read More

छपरा में मिलल कोरोना पॉजिटिव, मचल हड़कंप

coronavirus कोरोना वायरस

इसुआपुर के तीन किलोमीटर एरिया कंटेनमेंट जोन घोषित बहरी आवे-जाए पर अगिला आदेश ले लागल रोक भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय,इसुआपुर(सारण): बिहार के सारण जिला के इसुआपुर प्रखंड के सहवाँ पंचाइत के चाँदपुरा गाँव में कोरोना से संक्रमित मरीज के मिलला के बाद आसपास के क्षेत्रन में संक्रमण के रोके खातिर सरकार के दिशानिर्देश के आलोक में प्रशासन चाँदपुरा गाँव से 3 किलोमीटर के परिधि में आवे वाला क्षेत्र के कंटेनमेंट जोन घोषित कऽ के सभ रास्ता के सील कर दिहले बा। जानकारी के मोताबिक इसुआपुर प्रखंड अन्तर्गत सभ रास्ता पर…

Read More

जनता के संगे सरपंच प्रतिनिधि कोरोना वायरस आ लॉकडाउन के लेके कइले बइठक

जनता के संगे सरपंच प्रतिनिधि कोरोना वायरस आ लॉकडाउन के लेके कइले बइठक भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख (सारण): बिहार के सारण प्रमंडल के छपरा जिला के मशरख प्रखण्ड क्षेत्र के कवलपुरा पंचायत के सरपंच प्रतिनिधि संतोष कुमार यादव आज राज्य सरकार के आदेश पर अपना पंचायत के सभ वार्ड में जा के वार्ड सदस्य, पंचायत सदस्य, आशाकर्मी आ आम जनता से   कोरोना से बचाव खातिर हाथ जोड़ के निहोरा कइले। अपना निहोरा में ऊ लोग से कहले कि रउरा सभे अपना घर में ही रहीं,  विशेष जरूरत पड़ला पर ही…

Read More