थ्रेसर से निकलल चिंगारी से दर्जनों गंहूँ के बोझा जरके भइल राख

थ्रेसर से निकलल चिंगारी से दर्जनों गंहूँ के बोझा जरके भइल राख धर्मेन्द्र पांडेय, भोजपुरी समय, तरैया, सारण: प्रखंड के पिपरा गांव में थ्रेसर से दंवरी के दौरान थ्रेसर से निकलल चिंगारी से गंहूँ के बोझा में आग लाग गइल। जवना से दर्जनों गंहूँ के बोझा जरके राख हो गइल। जानकारी के अनुसार पिपरा निवासी भागीरथ राम आ उनकर पत्नी पूरा सीजन भर लोगन के खेतन में गंहूँ काटके मजदूरी में लगभग चार दर्जन गंहूँ के बोझा एकट्ठा कइले पहले हं। जवना के दंवरी करे के दौरान थ्रेसर से निकलल…

Read More

अगलगी में लाखों रूपिया मूल्य के संपत्ति जरके भइल नष्ट

बिजली शॉर्ट सर्किट से मिल्क पार्लर आ जेनरल स्टोर के दोकान में लागल आग। अगलगी में लाखों रूपिया मूल्य के संपत्ति जरके भइल नष्ट धर्मेन्द्र कुमार पांडेय, भोजपुरी समय, तरैया,सारण: बिहार के सारण जिला के तरैया थाना क्षेत्र के उसरी चांदपुरा बाजार स्थित एगो सुधा मिल्क पार्लर आ जनरल स्टोर के दोकान में शनिचर के बिजली के शॉर्ट सर्किट से अचानक आग लाग गइल। जवना के चलते दोकान में राखल लाखन रुपिया मूल्य के संपत्ति जरके नष्ट हो गइल। मिलल जानकारी के अनुसार उक्त बाजार इस्थित मृत्युंजय प्रसाद के सुधा…

Read More

सड़क दुर्घटना में घायल युवक के इलाज में देरी भइला पर परिजन कइले पीएचसी में तोड़फोड़

धर्मेंद्र कुमार पांडेय, भोजपुरी समय, पानापुर (सारण): प्रखंड मुख्यालय इस्थित प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र में बीतल रात सड़क दुर्घटना में घायल युवक के इलाज करावे आइल कुछ युवकन के द्वारा अस्पताल के चिकित्सक आ हेल्थ मैनेजर के संगे मारपीट करत अस्पताल में तोड़ फोड़ कइला के घटना सामने आइल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक  शुक्रवार के रात पानापुर-डुमरशन पथ के तुर्की गांव के लगे एगो सड़क दुर्घटना हो गइल रहे जवना में  रसौली गांव निवासी शंकर भगत नाम के युवक घायल हो गइले। घायल अवस्था में सड़क पर तड़प रहल युवक…

Read More

पड़ोसी के रहते मशरक थानेदार दिहले मानवता के परिचय, कान्हे लाग के करवले मृतक के दाह संस्कार

धर्मेंद्र पांडेय, भोजपुरी समय, मशरक, सारणः  हिंदू धर्म के परंपरा के अनुसार आजो कइगो अइसन काम बा जवन खाली घर के लोग चाहे पड़ोसीए कर सकेले, बाकिर कोरोना बेमारी के भय से शहर में त छोड़ीं गांवो-जवार में  लोग केहू के मृत्यु होखला पर गांव-घर छोड़के फरार हो जा रहल बाडें। अइसन में पुलिस आ प्रशासने आगे आके लोग के सहायता कर रहल बा। कुछ अइसने मामला बिहार के सारण जिला के मशरक प्रखंड में ओह बेरा देखे के मिलल जब एगो ग्रामिण के मृत्यु भइला पर मशरक थानाध्यक्ष ओकरा…

Read More

तरैया प्रखंड में मिलले 14गो कोरोना पॉजिटिव, कुल संख्या दू दर्जन के लगे चंहुपल

धर्मेंद्र पांड़ेय, भोजपुरी समय, तरैया,सारणः बिहार के सारण जिला के तरैया प्रखंड में कोरोना धीरे-धीरे आपन गोड़ पसारे के शुरु कर दिहले बा। बाकिर लोग अबहींयो नइखे चेतत आ ना डेराते बा।बता दीं कि राज्य सरकार के आदेश से प्रदेश भर में सब शिक्षण संस्थान बंद हो गइल बाडीं सं। बाकिर तरैया में अबहीयों कुछ प्राइवेट शिक्षण संस्थान धड़ल्ला से चल रहल बा। प्रखंड के अधिकतर लोग कोरोना गाइडलाइन के पालन नइखे करत। बियफे के प्रखंड में कुल 197 लोग के जांच भइल। जवना में से  14 लोग कोरोना पॉजिटिव…

Read More

मशरक में लागल शिविर में 150 दिव्यांग यूआईडी कार्ड बनवावे खातिर दिहले आवेदन

धर्मेंद्र पांडेय, भोजपुरी समय, मशरकः  मशरक प्रखंड मुख्यालय स्थित प्रखंड कार्यालय परिसर में समाज कल्याण विभाग आउर स्वास्थ्य विभाग के प्रधान सचिव के निर्देश पर 28 फरवरी तक पुरान दिव्यांगता प्रमाण पत्र के सत्यापन सुनिश्चित करे के आदेश दिहल गइल बा। विभागीय निर्देशानुसार दिव्यांग लोगन के प्रमाण पत्र ऑनलाइन करे खातिर शिविर के आयोजन कइल गइल ,जंहवां भारी संख्या में दिव्यांगजन आपन प्रमाण पत्र ऑनलाइन करवावे केआवेदन दिहले। एह संबंध में दिव्यांगजन के यूआईडी कार्ड के ऑनलाइन करे खातिर विभागीय कर्मचारी आ अधिकारीगण प्रमाण पत्र के जमा कर रहल बाडें।…

Read More

शहीद दिवस पर लियो क्लब छपरा टाउन शहीदन के परिजन के कइलस सम्मानित

प्रशांत द्विवेदी, समाचार डेस्क, भोजपुरी समय, छपराः अंतरराष्ट्रीय स्वयंसेवी संस्था लायंस क्लब छपरा टाउन के युवा इकाई लियो क्लब छपरा टाउन देश के वीर सैनिकन के श्रद्धांजलि अर्पित करत शहीद दिवस पर आयोजित कार्यक्रम में सारण जिला के लाल संतोष कुमार के प्रतिमा पर माल्यार्पण कइलस। एकरा अलावा क्लब के सदस्य लोग शहीद के पैतृक गांव रिविलगंज जाके शहीद संतोष कुमार के परिजन पिता त्रिभुवन प्रसाद के शॉल आ स्मृति पत्र देके सम्मानितो कइले। क्लब के सदस्यन के द्वारा शहीद मुन्ना कुमार यादव आ शंभु कुमार यादव के परिजनो के…

Read More

मशरक के दू अंक से हरा बनियापुर बनल चैंपियन

धर्मेंद्र पांडेय, खेल डेस्क, भोजपुरी समय, मशरकः राष्ट्रीय सड़क सुरक्षा सप्ताह के अंतर्गत खेल प्रतियोगिता के पांचवां दिन राजकीयकृत उच्चतर माध्यमिक विद्यालय मशरक के प्रांगण में आयोजित महिला हैंडबॉल प्रतियोगिता के रोचक मुक़ाबला में बनियापुर के टीम मशरक के टीम के 8 – 6 के अंतर से पराजित कर विजेता ट्रॉफी पर आपन कब्जा जमवलस। ओहिजा मशरक टीम के उपविजेता के ट्रॉफी से संतोष करे के पड़ल। मशरक पुलिस द्वारा सड़क सुरक्षा सप्ताह के तहत आयोजित एह कार्यक्रम के संयोजक मशरक पूर्वी के मुखिया प्रतिनिधि अमर सिंह कार्यक्रम में आइल…

Read More

“सारण पीपुल वर्चुअल सम्मान” के नांव से ऑनलाइन आयोजित भइल मां यूथ ऑर्गेनाइजेशन के “सारण सम्मान समारोह”

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, जी.एस. बंगरा, सारणः कोरोना महामारी के चलते होखे वाला नोकसान के बात कइल जाव त कई गो अइसन मौका ई महामारी आ एकरा चलते लागल सरकारी रोक समाज से छीन लेले बा जवना के भरपाई कइल संभव नइखे। एह क्रम में अगर बात कइल जाव जिला के सामाजिक संस्था माँ यूथ ऑर्गेनाईजेशन द्वारा पछिला कई बरिस से जनवरी के महिना में आयोजित हो रहल ” सारण सम्मान समारोह” के, त अबकी बार कोरोना काल के दृष्टिगत राखत संस्था एह कार्यक्रम के “सारण पीपुल वर्चुअल सम्मान”…

Read More

हास्य – व्यंग्य भोजपुरी का आगे बढ़ी !

‘‘खूब भइल । इहे नूँ भोजपुरी के असली कवि सम्मेलन भइल हवे । कुछ लोग हमनी के कविता ना होखे देवे खातिर साजिश रचले रहल हवे । हमनी के ओकरा के विफल कर दिहनी । जय हो ! जय हो !

Read More