पटना में दीप प्रज्जवलन के संगे दिल्ली से अमित शाह के वर्चुअल रैली के भइल शुरुआत

भोजपुरी समय, पॉलिटिकल डेस्क, नई दिल्लीः बिहार विधानसभा के चुनाव के सुगबुगाहट अब गते गते तेज होत जा रहल बा। एह क्रम में आज बीजेपी के पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष आ केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के पहिलका वर्चुअल रैली के आज पटना में पार्टी कार्यालय में बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी आ बिहार के प्रदेश अध्यक्ष के द्वारा दिया जरावला के संगे हो गइल बा। एह दौरान नई दिल्ली इस्थित बीजेपी मुख्यालय में अमित शाह के संगे संगे पटना से सांसद आ केंद्र सरकार में कैबिनेट मंत्री रविशंकर प्रसाद आ तमाम…

 49,835 total views,  498 views today

Read More

तरैया विधानसभा सीट से चुनाव लड़े के ऐलान कइले युवा राजद नेता मिथिलेश राय

भोजपुरी समय, रंजन कुमार, तरैया (छपरा) :  बिहार में विधानसभा के चुनाव जइसे जइसे नजदिका रहल बा ओइसे ओइसे चुनाव लड़े के इच्छुक लोग सामने आ रहल बा। एह कड़ी में छपरा जिला के तरैया थाना क्षेत्र के फेनहारा गांव के रहे वाला आ युवा राजद नेता मिथिलेश राय भी आवे वाला विधानसभा चुनाव के लड़े के घोषणा कर दिहले बाड़े। छपिया में इस्थित मुस्कान लाइन होटल में अपना कार्यालय पर पत्रकारन से बातचीत करत ऊ चुनाव के तइयारी में व्यस्त होखे के बात कहलें हं। एकरा अलावा आगामी विधानसभा…

 49,385 total views,  496 views today

Read More

धिक्कार दिवस के रुप में भाकपा-माले कइलस अमित शाह के रैली के विरोध

धिक्कार दिवस के रुप में भाकपा-माले कइलस अमित शाह के रैली के विरोध भोजपुरी समय, रंजन कुमार, पानापुर छपराः अमित शाहके आज होखे वाला वर्चुअल रैली के बिहार में भाकपा माले के कार्यकर्ता अपना सात सूत्री मांगन के लेके विश्वासघात आ धिक्कार दिवस के रुप में मना के कर रहल बाड़े। एही क्रम में छपरा के भोरहा में जिला कमिटी के सचिव सभापति राय के नेतृत्व में भाकपा माले के कार्यकर्ता अपना सात सूत्री मांगन के लेके धरना दिहल हऽ लोग। माले नेता सभापति राय कहले हं कि आज मजदूर…

 49,370 total views,  502 views today

Read More

थरिया आ ताली पीटके गृहमंत्री के रैली के विरोध कर रहल बा राजद

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र कुमार, पानापुर छपराः बिहार में चुनावी बिगुल फुंके के मंशा से आज केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के वर्चुअल रैली आयोजित होखे जा रहल बा। एह रैली के बिहार में मुख्य विपक्षी दल राजद विरोध कर रहल बा। एह लोग के कहनाम बा कि केंद्र आ राज्य सरकार के जनविरोधी नीतियन के खिलाफ हमनी ई विरोध कर रहल बानी। एही क्रम में राजद के कार्यकर्ता जहां थरिया आ ताली पीटके एकर विरोध कइलस हऽ लोग। राजद हाइकमान के निर्देश पर राजद कार्यकर्ता अनिल यादव के नेतृत्व में प्रखंड…

 272 total views,  3 views today

Read More

तेजस्वी यादव कइलें सदन के विशेष सत्र बोलावे के मांग

भोजपुरी समय, पटना डेस्कः गोपालगंज में कुछ दिन पहिले भइल तिहरा हत्याकांड के लेके आक्रामक तेवर अपना चुकल नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव आज गोपालगंज मार्च के आह्वाहन कइले रहले हं। जेकरा के प्रशासन के सख्त रुख संभवना होखे दिहलस। एकरा बाद बिहार विधानसभा अध्यक्ष विजय कुमार चौधरी से मुलाकात के बादो एह मामला में नरम नइखन पड़ल। तेजस्वी यादव स्पीकर विजय चौधरी से मुलाकात के बाद कहले कि विधानसभा अध्यक्ष से ऊ सदन के विशेष सत्र बोलावे के मांग कइले बानी। तेजस्वी यादव कहले हं कि बिहार में कानून व्यवस्था…

 4,592 total views,  4 views today

Read More

गाजियाबाद में बढ़ल पूर्वांचल के लोगन के राजनीतिक कद

भोजपुरी समय, शशि प्रकाश तिवारी, गाजियाबादः  रोजी रोजगार के फेरा में पड़के आपन गांव जवार के छोड़ के हजारों किलोमीटर दूर परदेस में आके बसला के बावजूदो अपना मेहनत आ ईमानदारी के बलबूता जिला के विकास में आुन सतत जोगदान देवे वाला पूर्वांचल समाज के आज चारु ओर नांव हो रहल बा। फेर चाहे ऊ खेलकुद, पढ़ाई लिखाई भा राजनीती के ही क्षेत्र काहे ना होखे। देश के राजधानी दिल्ली से सटल यूपी के प्रमुख जनपदन में से एक गाजियाबाद में धीरे-धीरे ही सही बाकिर आज पूर्वांचल के लोग राजनीति…

 35,504 total views,  1 views today

Read More

जनता कर्फ्यू के समर्थन में भाजपा नेता, कार्यकर्ता सहित आम जनता लिहलस संकल्प

जनता कर्फ्यू के समर्थन

भोजपुरी समयः धर्मेंद्र पांडेय, मशरखः प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा बियफे के राष्ट्र के नांवें अपना संबोधन में कोरोना वायरस रूपी महामारी के प्रति जन जागरूकता फइलावे के उद्देश्य से कइल अपील के देश भर के लोग स्वागत कर रहल बा। एही क्रम में बनियापुर के पूर्व विधायक आ भाजपा नेता तारकेश्वर सिंह मशरख प्रखंड स्थित अपना आवास पर सैकड़न भाजपा कार्यकर्ता आ आम जनता के संगे मिलके देश के पीएम मोदी के आवाहन पर एतवार के होखे वाला देशव्यापी जनता कर्फ्यू में भाग लेबे के संकल्प लिहलहन। तारकेश्वर सिंह कोरोना…

 34,782 total views

Read More

मध्यप्रदेश: भाजपा के सरकार संभव, सांझ के विधायक दल के बैठक

shivraj singh chauhan शिवराज सिंह चौहान

भोपाल कमलनाथ सरकार के इस्तीफा दिहला के बाद अब मध्यप्रदेश में भाजपा के सरकार बनावे के रास्ता साफ हो गइल बा। आज साँझ के भाजपा विधायक दल के बैठक में विधायक दल के नेता चुनल जाई। खबर बा कि शिवराज सिंह चौहान फेर के विधायक दल के नेता चुनल जाई। मध्यप्रदेश विधानसभा के कुल्ह 230 विधायक बाड़न। बहुमत के आंकड़ा 116 बा। अभी दू गो विधायकन के मउत हो गइल बा। अउरी बीस गो विधायक इस्तीफा दे देले बाड़न सऽ। एसे वर्तमान में बहुमत के आंकड़ा 105 हो गइल बा।…

 30,552 total views,  4 views today

Read More

मध्य प्रदेश: कमलनाथ सरकार के काल्ह सिद्ध करे के होई बहुमत – सुप्रीम कोर्ट

सुप्रीम कोर्ट

नई दिल्ली सुप्रीम कोर्ट में काल्ह 18 मार्च से बहुमत परीक्षण के संबन्ध में सुनवाई चलत रहल हऽ। सुप्रीम कोर्ट आज सुनवाई के पूरा कइला के बाद कमलनाथ सरकार के काल्ह साँझ 5 बजे ले बहुमत सिद्ध करे के आदेश देले बे। 16 मार्च के मध्य प्रदेश विधानसभा अध्यक्ष राज्यपाल के भाषण के तुरन्त बाद कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के हवाला देत विधानसभा 26 मार्च ले स्थगित कऽ दिहलें रहलन हँ। मध्य प्रदेश राज्यपाल भाजपा के अपील कइला के बाद राज्य विधानसभा अध्यक्ष के बहुमत परीक्षण करावे के आदेश…

 1,916 total views,  4 views today

Read More

मध्य प्रदेश सुप्रीम कोर्ट में बहुमत परीक्षण खाती सुनवाई

कमलनाथ

नई दिल्ली मध्य प्रदेश में फइलल राजनैतिक अस्थिरता अउरी राज्यपाल के बहुमत परीक्षण के आदेश अउरी विधानसभा अध्यक्ष के विधानसभा 26 मार्च ले स्थगित कइला के बाद भाजपा एह ममिला के ले के सुप्रीम कोर्ट पहुँचल बे। सुप्रीम कोर्ट के बहुमत परीक्षण के संबन्ध में सुनवाई चल रहल बे। एह सुनवाई से तय होई कि बहुमत परीक्षण कब होई। 16 मार्च के विधानसभा अध्यक्ष राज्यपाल के भाषण के तुरन्त बाद कोरोना वायरस के हवाला देत विधानसभा 26 मार्च ले स्थगित कऽ दिहलें।  2,449 total views,  6 views today

 2,449 total views,  6 views today

Read More