चीन में कोरोना वायरस संक्रमण के दूसरका लहर

नई दिल्ली चीन के सरकारी मीडिया के हिसाब से चीन अब ले कोरोना वायरस संक्रमण पऽ काबू पा गइल रहल हऽ। बाकिर अब खबर आवता कि चीन के बिजिंग शहर में कोरोना वायरस संक्रमण के दूसरका लहर शुरू हो गइल बा। बिजिंग कुछ दिन में बिजिंग में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 36 ममिला सोझा आइल बा। चीन के राष्ट्रीय स्वास्थ्य आयोग (एनएचसी) के अधिकारिन के हिसाब से शनिचर के कोरोना वायरस संक्रमण 57 गो नया ममिला सोझा आइल बा। एह ममिलन में 38 गो ममिला स्थानिय संक्रमण के कारन…

 9,375 total views,  192 views today

Read More

G7 शिखर सम्मेलन सितंबर ले टलल

अमेरीकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप घोषणा क इले हँ कि 10-12 जून के होखे वाली जी-7 समिट के टालल जा रहल बा। अब जी-7 के शिखर सम्मेलन सितम्बर में होई। अमेरीकी राष्ट्रपति अपनी घोषणा में बतवलें हँ कि सितम्बर में होखे वाला प्रस्तावित शिखर सम्मेलन में भारत, रूस, साउथ कोरिया अउरी ऑस्ट्रेलिया के शामिल होखे आमंत्रित कइल जाई। G7 में अभी अमेरिका, इटली, जापान, कनाडा, फ्रांस, जर्मनी, ब्रिटेन के संगे यूरोपियन यूनियन शामिल बा। लम्बा समय से अंतर्राष्ट्रीय जगत में माँग होत बा कि भारत जइसन के जी-7 के हिस्सा बने…

 15,388 total views,  194 views today

Read More

नेपाल के विवादित नक्शा के मुख्य विपक्षी दल के समर्थन

नई दिल्ली विपक्ष के समर्थन के बाद नेपाल के के पी शर्मा ओली सरकार के प्रस्तावित विवादित नक्शा खाती होखे वाला संवैधानिक संशोधन के पास कर के रास्ता अब साफ हो गइल बा। नेपाल के मुख्य विपक्षी पार्टी नेपाली कॉग्रेस एह नक्शा खाती होखे वाला संविधान संशोधन के समर्थन कऽ देले बा। राष्ट्रीय प्रजातंत्र पार्टी (आरपीपी), समाजवादी जनता पार्टी नेपाल अउरी राष्ट्रीय जनता पार्टी नेपाल पहिलहीं से एकरा समर्थन रहली हऽ सऽ। मालूम होखे के चाहीं कि नेपाल के नवका प्रस्तावित नक्शा में भारत के तीन गो इलाका कालापानी, लिंपियाधुरा…

 15,422 total views,  193 views today

Read More

एंजेला मर्केल ना शामिल होइहें जी-7 के समिट में

नई दिल्ली जर्मनी के चांसलर एंजेला मर्केल अमेरीका के अध्यक्षता में 10 जून से 12 जून ले कैंप डेविड में होखे वाला जी-7 के शिखर सम्मेलन में शामिल होखे से इन्कार कऽ देले बाड़ी। अमेरीका में कोरोना वायरस संक्रमण के ममिला बढ़त जात बा। अब ले अमेरीका में कुल्ह 17,94,153 ममिला सोझा आइल बा। कोरोना के बढ़त प्रकोप के देखत जर्मनी के चांसलर एंजेला मर्केल ई निर्यण ले ले बाड़ी। ई शिखर सम्मेलन पहिले होखे के रहे बाकिर कोरोना के देखत एके टार दिहल रहल हऽ। जी-7 सात विकसित अर्थव्यवस्था;…

 6,638 total views,  4 views today

Read More

भारत-नेपाल विवाद: नेपाल के बातचीत के प्रस्ताव भारत के विश्वास जीते के नसीहत

नई दिल्ली पिछिला कुछ समय से भारत-नेपाल के संबन्ध में तनाव आइल बा। नेपाल में जब से ओली सरकार आइल बे तब से नेपाल भारत के बात-बेबात उकसावत रहता। कुछ दिन पहिले नेपाल चीन के कहला पऽ नेपाल कालापानी सीमा के ले के आपन नया नक्शा जारी कइले रहल जेवना में भारत के क्षेत्र के नेपाल आपन बतावत रहल। भारत के बरियार विरोध कइला के बाद, नेपाल अब भारत से एह मुद्दा पऽ बातचीत करे खाती उतावला हो रहल बा। मालूम होखे के चाहीं कि धारचूला-लिपुलेख सड़क परियोजना के ले…

 1,386 total views

Read More

ब्रिटिश प्रधानमंत्री बोरिस जॉनसन कोरोना से संक्रमित

बोरिस जॉनसन ब्रिटिश प्रधानमंत्री

लंदन ब्रिटेन में प्रिंस चार्ल्स के बाद ब्रिटिश प्रधानमंत्री बोरिस जॉनसन के कोरोना से संक्रमित होखे के सूचना आ रहल बा। एह घरी ऊ अपना मनहीं आइसोलेशन में चलि गइल बाड़े। ब्रिटिश प्रधानमंत्री के पहिले राजकुमार चार्ल्स कुछ दिन पहिले कोरोना से संक्रमित पावल गइल रहलें ब्रिटेन में अबले 12000 लोग कोरोना के संक्रमित भइल बाड़े अउरी 578 लोग एह वायरस के कारन मउत हो गइल बा। Over the last 24 hours I have developed mild symptoms and tested positive for coronavirus. I am now self-isolating, but I will continue…

 26,424 total views

Read More

चीन अमेरीकी पत्रकारन के निकलस बाहर

China expels US journalists from China

बीजिंग चीन से जेवन सूचना आवत बे ओह हिसाब से चीनी विदेश मंत्रालय एगो विज्ञप्ति जारी कइले बा। ओह विज्ञप्ति के हिसाब से अमेरीका के तीन गो अखबारन से पत्रकारन के चीन से बाहर निकाल दिहल जाई। एह आदेश में न्यूयार्क टाइम्स, वाशिंगटन पोस्ट अउरी द वाल स्ट्रीट जर्नल के पत्रकारन के बाहर निकाले बात बा। ई मानलऽ जाता कि ई चीन ई आदेश अमेरीकी राष्ट्रपति ट्रंप के के ओह आदेश के प्रतिक्रिया में देले बा जेवना में चीन के चार गो सरकारी समाचार चैनलन के पत्रकारन के संख्या के…

 31,451 total views

Read More

नेपाल में फगुआ के दिने बेसी शराब पियला से मरे वाला के संख्या 6 पर चहुंपल

नूर आलम बादशाह, भोजपुरी समय, नेपाल : नेपाल के धनुषा जिल्ला के क्षिरेश्वरनाथ नगरापलिका वार्ड नंबर 3 स्थित रमदैया में फगुआ के अवसर पर अधिका शराब पियला से मरे वाला लोगन के अब तकले 6 के संख्या चहुंप गइल बा। जबकि शराब पियेवाला में से तीन जना के हालत गम्हीर बनल बा । स्थानीय पुलिस के अनुसार शराब पियेवाला तीन आदमी बुध के दुपहरिया आ दू आदमी बियफे के रात में आपन जान गंववले बाड़े। एकरा अलावा स्थानीय लोग के मोताबिक एक आदमी के तीन दिन पहिलहीं मृत्यु भइल बा। मरे…

 32,499 total views

Read More

पीएम मोदी सार्क देशन के मीटिंग खाती वीडियो चैट के रखन प्रस्ताव

प्रधान मंत्री नरेन्द्र मोदी PM Narendra Modi

नई दिल्ली भारतीय प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आज शुक के कषेत्रीय सहयोग संगठन दक्षेस के सदस्य देशन के कोरोना वायरस संक्रमण के संबन्ध में होखे वाली बैठक खाती वीडियो चैट के प्रस्ताव रखलहन। प्रधान मंत्री अपनी ट्वीट में प्रस्ताव देत लिखले बाड़े, ‘हम मैं सार्क देशन के नेतृत्व के सोझा कोरोना वायरस से लड़े खाती मजबूत रणनीति बनावे के प्रस्ताव रखत बानी। हमनी के विडियो कॉन्फ्रेंसिंग से अपने नागरिकन के स्वस्थ रखे के उपायन पऽ पर चर्चा कइल जा सकत बा। हमनी के दुनिया कोविड- 19 नोवेल कोरोना वायरस से लड़…

 8,044 total views

Read More

कोरोना से इटली में अबले लगभग 200 लोगन के मउत

कोरोना वायरस

नई दिल्ली जेवन सूचना आ रहल बाड़ी सऽ ओह हिसाब से अबले कोरोना 70 से अधिका देशन में फइल गइल बा। एह वायरस से मरे वाला लोगन संख्या दिन बीतला के संगे बढ़त जात बा। इटली में अबले लगभग 200 लोगन के कोरोना वायरस मउत हो गइल बा। कोरोना से प्रभावित होखे वाल देशन में चीन में सभसे अधिका मउत भइल बा। संक्रमण के हिसाब से दुनिया में इटली में चीन, दक्षिण कोरिया, अउरी इरान के बास सभसे अधिका लोग संक्रमित भइल बा।  4,496 total views

 4,496 total views

Read More