धिक्कार दिवस के रुप में भाकपा-माले कइलस अमित शाह के रैली के विरोध

धिक्कार दिवस के रुप में भाकपा-माले कइलस अमित शाह के रैली के विरोध

भोजपुरी समय, रंजन कुमार, पानापुर छपराः अमित शाहके आज होखे वाला वर्चुअल रैली के बिहार में भाकपा माले के कार्यकर्ता अपना सात सूत्री मांगन के लेके विश्वासघात आ धिक्कार दिवस के रुप में मना के कर रहल बाड़े। एही क्रम में छपरा के भोरहा में जिला कमिटी के सचिव सभापति राय के नेतृत्व में भाकपा माले के कार्यकर्ता अपना सात सूत्री मांगन के लेके धरना दिहल हऽ लोग। माले नेता सभापति राय कहले हं कि आज मजदूर आ गरीब भूखा मर रहल बाडें आ गृहमंत्री इनका असहनीय दुःख पर रैली के माध्यम से नून छिरिक रहल बाडें जवन धिक्कार योग्य बा। सभापति राय सरकार से गरीब परिवारन के छव महिना तक 10 किलो राशन, प्रति परिवार 6 महिना तक साढ़े सात हजार के अनुदान, मनरेगा मजदूरों के 200 दिन तक रोजगार के गारंटी, दुर्घटना में मरल मजदूरन के परिजन के बीस-बीस लाख के मुआवजा देवे के मांग कइलें। एह धरना में ललन कुशवाहा, गौतम प्रसाद, लगन राम, बीरेंद्र राय आदि कार्यकर्ता शामिल रहले।

 84,298 total views,  324 views today

Related posts

Leave a Comment

13 + three =