झारखंड विधानसभा में बीजेपी विधायकन के हंगामा

बाबूलाल मरांडी के नेता प्रतिपक्ष आ भाजपा विधायक दल के नेता के रूप में मान्यता ना मिलला से बीजेपी के विधायकन के हंगामा

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, रांची: झारखंड के पहिला मुख्यमंत्री आ झारखंड विकास मोर्चा के अध्यक्ष बाबूलाल मरांडी अबहीं कुछ समय पहिलहीं अपना पार्टी के विलय बीजेपी में कराके फेर से भाजपाई हो गइल बाड़ें। ऐने बीजेपी भी उनकरा के विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष के रूप में घोषित कर दिहले बा। बाकी विधानसभा अध्यक्ष के द्वारा बाबूलाल मरांडी के नेता प्रतिपक्ष के रूप में मान्यता ना मिलला के कारण बीजेपी के विधायक खिसियाइल बाडन। एह लोग के कहनाम बा कि विधानसभा अध्यक्ष के बाबूलाल के मान्यता देने के पड़ी आ जदि अइसन नइखे होखत त ऊ सदन के कार्यवाही ना चले दिहें। एह बात के लेके झारखंड विधानसभा के बजट सत्र में भाजपा के विधायक लोग सोमार के फेर जमके हंगामा कइल आ मांग कइलस कि जल्द से जल्द बाबूलाल मरांडी के नेता प्रतिपक्ष के रूप में मान्यता दियाव। हंगामा करत विधायक सदन में वेल के लगे जाके जय श्री राम समेत कइगो नारा लगावल लोग।एकरा अलावा कुछ विधायक सदन में ही धरना पर बइठ गइलें। जवना के बाद विधानसभा अध्यक्ष रवींद्रनाथ महतो हंगामा के बीच में ही सदन के कार्यवाही चलावत रहले, लेकिन जब बीजेपी विधायक लोग के हंगामा ना कम भइल पहिले साढ़े बारह बजे सदन के कार्यवाही के स्थगित कर दिहले।बाकी दूपहरिया के दू बजे के बादो जइसहीं सदन के कार्यवाही शुरू भइल, वइसहीं फेर से भाजपा के विधायक लोग हंगामा शुरु कऽ दिहलख। एह दौरान विधानसभा अध्यक्ष बीजेपी के विधायक से कहबो कइले कि सदन ओह लोग के संगे न्याय जरुर करी बाकि बीजेपी विधायक लोग ना मानल आ हंगामा करत रहल। एह दौरान राज्य सरकार द्वारा आर्थिक सर्वेक्षण रिपोर्ट भी पेश भइल। एकरा अलावा हंगामा के बीच में ही विधानसभा अध्यक्ष सरकार के कइगो प्रस्तावन के रखले जवना के पास भी कर दिहला गइल।. एह सबके बीच आधा घंटा ले सदन के चलवला के बाद विधानसभा अध्यक्ष रवींद्रनाथ महतो दूपहरिया के करीब अढाई बजे सदन के कार्यवाही मंगर तक खातिर स्थगित कर दिहले।अब तीन मार्च के झारखंड सरकार के ओर से बजट पेश कइल जाई।

Related posts

Leave a Comment

seventeen − nine =