चार राज्यन के विधानसभा चुनाव खातिर बीजेपी जारी कइलस आपन चुनाव प्रभारीयन के सूची

नई दिल्ली, समाचार डेस्क, भोजपुरी समयः आवे वाला समय में चार राज्यन में विधानसभा चुनाव 2021 के देखत आज बीजेपी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जे.पी.नड्डा चुनाव वाला राज्यन में चुनाव प्रभारी आ सह-प्रभारीयन के सूची जारी कर दिहले बाडें। सोशल नेटवर्किंग साइट ट्विटर पर बीजेपी के आधिकारिक ट्विटर हैंडल के द्वारा जारी पोस्ट से ई जानकारी मिलल बा। बता दीं कि एह साल  असम, तमिलनाडु, केरल आ पुद्दुचेरी में विधानसभा के चुनाव होखे वाला बा। ट्विट में साझा कइल सूची के अनुसार केंद्रीय कृषि मंत्री नरेन्द्र सिंह तोमर के जहां असम के चुनाव प्रभारी बनावल गइल बा त ओहिजा तमिलनाडु के जी. किशन रेड्डी, केरल के प्रहलाद जोशी आ पुद्दुचेरी के अर्जुन राम मेघवाल के चुनाव प्रभारी बनावल गइल बा। एकरा अलावा सह-चुनाव प्रभारियन के नांव एह सूची में बा जवना के मोताबिक असम में नरेन्द्र सिंह तोमर के संगे डॉ. जितेन्द्र सिंह त जी किशन रेड्डी के संगे तमिलनाडु में जेनरल(रि.) डॉ. वी.के. सिंह, केरल में कर्नाटक के उपमुख्यमंत्री डॉ. अश्वथ नारायण आ पुद्दुचेरी में बीजेपी के राष्ट्रीय प्रवक्ता राजीव चंद्रशेखर के सह-प्रभारी बनावल गइल बा।

Related posts

Leave a Comment

1 × 2 =