मशरक के आरबीएस डॉक्टर के संगे सहाजितपुर पुलिस कइलस खूब मारपीट

पीड़ित डॉक्टर संजीव कुमार सिंह

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख (सारण): आज जहां दिल्ली आ दोसरा राज्यन में काम करे वाला स्वास्थय कर्मीयन आ डॉक्टर लोग के सरकार के ओर से आ जनता के ओर से कोरोना के खिलाफ लड़ाई में पूरा सहयोग आ समर्थन मिल रहल बा ओहिजा बिहार के छपरा में अपना डियूटी पर जा रहल डॉक्टर के बिहार पुलिस के एगो सहायक उपनिरिक्षक जम के पीट दिहलें। जानकारी के मोताबिक ई घटना आज सबेरे ओह बेरा भइल जब मशरक पीएचसी में काम करे वाला आरबीएस डॉक्टर संजीव कुमार सिंह गांव में आइशोलेशन कैंप में जांच खातिर लागल आपन डियूटी पर जात रहलें। पीड़ित के मोताबिक सबेरे जब ऊ अपना डियूटी पर जात रहले ओह दौरान मानोपाली मोडॉ पर सहाजितपुर थाना के एएसआइ शिवनंदन पासवान अपना दल के संगे उनका(डॉक्टर के) जांच खातिर रोकले, एह पर जब पीड़ित डॉक्टर पुलिस के आपन आई कार्ड आ बाकि जानकारी भी देखवले ओकरा बादो एएसआई साहेब डॉक्टर के संगे अपशब्दन के प्रयोग कइले आ एकर विरोध कइला पर मारपीट भी कइले। एकरा बाद पीड़ित के ऊ थाना में ले जाके भी मरले। बाद में पीड़ित के गांव के मुखिया के अइला के बाद शाना से छोड़ल गइल जहां से निकलला के बाद पीड़ित मशरख पीएचसी में पहुंच क आपन इलाज करवले आ अपना अधिकारी लोग के एह घटना के जानकारी दिहले। ओहिजा मामिला के प्रकाश में अइला के बाद मरहौढ़ा के डीएसपी इंदरजीत बैठा, मरहौढ़ा एसडीओ विनोद तिवारी आदि अफसर लोग मशरक अस्पताल में पहुँच के पीड़ित डॉक्टर से घचना के जानकारी लिहलस लोग आ ममिला के जाँच खातिर घटना वाला थाना पर गइल लोग। एह घटना के बारे में डीएसपी इंद्रजीत बैठा बतवले की ममिला के जाँच हो रहल बा, दोसी पुलिसकर्मी पर दंडात्मक कारवाई होइ। ओहिजा दोसरा ओर मौका पर मशरख अस्पताल परिसर में स्थानिय सीओ ललित कुमार सिंह, बीडीओ राजीव कुमार सिंह,  मशरक थाना प्रभारी रत्नेश कुमार वर्मा, पीएचसी प्रभारी डॉ अनंत नारायण कश्यप सहित सब डॉक्टर आ कर्मचारी भी मौजूद रहलें। एह घटना से सब डॉक्टरन में भारी रोष बा।

Related posts

Leave a Comment

three × 5 =