भोजपुरी खातिर आईं ट्रेंड करावल जाव #bhojpuritradition

भोजपुरी समय,दिल्ली डेस्कः भोजपुरी के संविधान के आठवां अनुसूची में स्थान दिववावे खातिर आज भारत में तमाम संस्था काम कर रहल बाड़ी सं। ई सभ संस्था अपना अपना स्तर पर भोजपुरी के बचावे आ जोगावे के संगे-संगे आगे बढ़ावे में भी लागल बाड़ी सं। एही क्रम में कुछ दिन पहिले #bhojpuri के कुछ युवा लोग के पहल पर सारा भोजपुरिया बधार सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म ट्विटर पर ट्रेंड करावल लोग। अब फेर से तारिख 30.05.2020 दिन शनिचर के दुपहरिया में 2 बजे से लेके सांझी 5 बजे ले #bhojpuritradition ट्रेंड करावे के निहोरा ई लोग कर रहल बा।

एह संबंध में जब भोजपुरी समय एह मुहिम से जुड़ल अनुराग रंजन से फोन पर बतियवलस त ऊ कहलें कि “हमनी के ई मुहिम अपना माई भाखा भोजपुरी के आगे बढ़ावे आ एकरा संस्कृति के संगे संगे साहित्य के जोगावे के एगो प्रयास बा। हमनी के एह प्रयास के तहत भोजपुरिया संस्कृति, खानपान,परब-त्योहार, मेला आदि पर फोकस कइले बानी जा।” ऊ आगे कहलन कि ई प्रयास के तहत हमनी के आज के युवा पीढ़ी के बिला रहल अपना भोजपुरिया संस्कृति से रुबरु करावे चाहतानीं आ ओह लोग के भी एगो जवाब देवे के प्रयास बा जे भोजपुरी के केवल अश्लील आ फूहड़ भाषा समझे लें।

भोजपुरी भाषा के निहितार्थ एह मुहिम के भोजपुरी समय भी पुरहर स्वागत आ समर्थन कर रहल बा। एकरा संगे संगे आपना सभे सुधि पाठकगण से भी निहोरा कर रहल बा कि रउआ सभे भी 30.05.2020 के #bhojpuritradition के ट्विटर पर ट्रेंड करावे में आपन सहजोग करीं।

 

 16,509 total views,  150 views today

Related posts

Leave a Comment