भटकेशरी के फिल्म कलाकार सहदेव साथी के मिलल भिखारी ठाकुर सम्मान

भिखारी ठाकु सम्मान के संगे भोजपुरी फिल्म कलाकार सहदेव साथी

राम प्रकाश तिवारी,भोजपुरी समय, भटकेशरी, सारणः भोजपुरी के शेक्सपियर के नाम से विश्वविख्यात प्रसिद्ध भोजपुरिया नाटककार आ लोक कलाकार स्वर्गीय भिखारी ठाकुर के 133 वां जयंती देश विदेश के संगे संगे भिखारी ठाकुर के पैतृक गांव कुतुबपुर में बहुते धूमधाम से मनावल गइल। एही क्रम में कुतुबपुर में आयोजित एगो समारोह में गड़खा से विधायक सुरेंद्र राम, भिखारी ठाकुर जयंती समारोह आयोजन समिति के अध्यक्ष लल्लन यादव के द्वारा भोजपुरी फिल्मन के उभरत कलाकार सहदेव साथी के भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित कइल लोग। बता दीं कि सहदेव साथी सारण जिला के जलालपुर प्रखंड के भटकेशरी गांव के निवासी बाड़न। इनका अभिनय के सवख लइकाईं से ही बा, आ गांव के लोग के मोताबिक सहदेव साथी गांव में होखे वाला दुर्गा पुजा में अपना साथी लोग के संगे हर बरिस नाटक करे ले। अकरा अलावा ई भोजपुरी फइल्म इंडस्ट्री के कईगो प्रसिद्ध कलाकार लोग के संगे सिनेमा में सहायक अभिनेता के रुप में अपना अभिनय के जलवा देखा चुकल बाडे। एह पुरस्कार से गाव के लइका के सम्मानित भइला पर भटकेशरी गांव के लोग में बहुते खुशी बा आ सभे सहदेव साथी के एह उपलब्धि खातिर मुक्तकंठ से प्रशंसा कर रहल बा। एह जयंती समारोह में विधायक सुरेंद्र राम, भिखारी ठाकुर जयंती समारोह आयोजन समिति के अध्यक्ष लल्लन यादव आदि गणमान्य व्यक्ति उपस्थित रहले। टीम भोजपुरी समय सहदेव साथी के एह उपलब्धि खातिर बहुत बहुत बधाई दे रहल बा।

 12,344 total views,  1 views today

Related posts

Leave a Comment

nine + six =