मुम्बई
कोरोना वायरस संक्रमण के देखत भारत में होखे वाला शूटिंग वर्ल्ड कप मई ले टल गइल बा। ओहीजा टोकियो ओलम्पिक के क्वालिफायर्स रद्द हो गइल बा।
कोरोना वायरस के प्रभाव के देखत अब शुबहा जतावल जाता कि हो सकेला कि मार्च के आखिर में होखे वाला अगिला क्रिकेट आईपीएल 2020 टल सकेला।
हालाँकि बीसीसीआई के अध्यक्ष पूर्व भारतीय कप्तान सौरभ गांगुली काल्ह शुक के अपनी बयान में कहल कि आईपीएल के 29 मार्च के अपना समय से शुरू होई। एह खाती सभकरा से बात हो रहल बा अउरी बीसीसीआई कोरोना संबन्धित सरकारी निर्देशन के पालन करी।
6,121 total views, 7 views today