मशरक के दू अंक से हरा बनियापुर बनल चैंपियन

धर्मेंद्र पांडेय, खेल डेस्क, भोजपुरी समय, मशरकः राष्ट्रीय सड़क सुरक्षा सप्ताह के अंतर्गत खेल प्रतियोगिता के पांचवां दिन राजकीयकृत उच्चतर माध्यमिक विद्यालय मशरक के प्रांगण में आयोजित महिला हैंडबॉल प्रतियोगिता के रोचक मुक़ाबला में बनियापुर के टीम मशरक के टीम के 8 – 6 के अंतर से पराजित कर विजेता ट्रॉफी पर आपन कब्जा जमवलस। ओहिजा मशरक टीम के उपविजेता के ट्रॉफी से संतोष करे के पड़ल। मशरक पुलिस द्वारा सड़क सुरक्षा सप्ताह के तहत आयोजित एह कार्यक्रम के संयोजक मशरक पूर्वी के मुखिया प्रतिनिधि अमर सिंह कार्यक्रम में आइल अतिथियन के स्वागत अंगवस्त्र आ माला पहिनाके कइले।

कार्यक्रम के अतिथि सीओ मशरक ललित कुमार सिंह आ सारण जिला हैंडबॉल संघ के अध्यक्ष कृष्णमोहन सिंह के संगे मशरक थानाध्यक्ष रत्नेश कुमार वर्मा खिलाड़ियन से परिचय प्राप्त करके टॉस कराके प्रतियोगिता के शुरुआत करवले।

एह मौका पर बहरौली मुखिया अजीत कुमार सिंह,  जदयू प्रखण्ड अध्यक्ष रामाधार सिंह,  प्रखण्ड उपप्रमुख पति साहेब हुसैन उर्फ टुनटुन खां, समाजसेवी छोटा संजय, इम्तियाज खान उर्फ चुन्नू बाबू,  नरेन्द्र सिंह काका, कमेंटेटर रमाशंकर सहनी, कृष्ण कुमार गुप्ता सहित तीन दर्जन खेल प्रेमियन के अलावे सभ स्थानिय पत्रकार के अंगवस्त्र देकर सम्मानित कइल गइल।

Related posts

Leave a Comment

9 − 5 =