नायक के कमी से जूझत भोजपुरी सिनेमा के एगो खेवनहार के तलाश

लगभग साठ साल से अधिक समय से भोजपुरी फ़िल्म हमनी के देश में बन रहल बाड़ी सन लेकिन अचरज के बात ई बा कि हमनी के आज तक ले एगो स्थापित भोजपुरी फ़िल्म जगत के कलाकार ना खोज पवनी जा । लोक कलाकारन के खान मानल जाए वाला बिहार आ उत्तर प्रदेश के धरती त हजारन कलाकार उपराज दिहली लेकिन एको कलाकार अइसन ना भइलें जे तमिल के रजनीकांत लेखा भोजपुरी में आपन उपस्थिति दर्ज करवा सके । अइसन एको जाना ना भइलें जिंहिका एक आवाज़ प लोग बाग एक…

Read More