पटना में दीप प्रज्जवलन के संगे दिल्ली से अमित शाह के वर्चुअल रैली के भइल शुरुआत

भोजपुरी समय, पॉलिटिकल डेस्क, नई दिल्लीः बिहार विधानसभा के चुनाव के सुगबुगाहट अब गते गते तेज होत जा रहल बा। एह क्रम में आज बीजेपी के पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष आ केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के पहिलका वर्चुअल रैली के आज पटना में पार्टी कार्यालय में बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी आ बिहार के प्रदेश अध्यक्ष के द्वारा दिया जरावला के संगे हो गइल बा। एह दौरान नई दिल्ली इस्थित बीजेपी मुख्यालय में अमित शाह के संगे संगे पटना से सांसद आ केंद्र सरकार में कैबिनेट मंत्री रविशंकर प्रसाद आ तमाम नेता विडियो कॉफ्रेंसिंग के माध्यम से जुड़ल रहलें। ओहिजा बिहार में मुख्य विपक्षी दल राजद एह रैली के विरोध भी कर रहल बा।

 91,902 total views,  346 views today

Related posts

Leave a Comment

14 − two =