अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन पटना के 26वां अधिवेशन मई माह में केशरिया पूर्वी चम्पारन बिहार में होइ

अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन पटना के 26वां अधिवेशन मई माह में केशरिया पूर्वी चम्पारन बिहार में होइ।

भोजपुरी समय, केशरिया: अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन पटना बिहार के कार्यकारणी आ आयोजन समिति के बैठक केशरिया पूर्वी चम्पारन में आज सम्पन्न भइल ह। बैठक में भाग लेवे वालन में मुख्य रूप से डा जयकान्त सिंह जय भोजपुरी विभागाध्यक्ष लगंट सिंह महाविद्यालय मुजफ्फरपुर, डा महामाया प्रसाद विनोद पूर्व प्राचार्य इंटर कालेज अमनौर, डा रामाज्ञा प्रसाद विकल जी अरदेवा तरैया सारण, डा भगवती प्रसाद द्विवेदी पटना, डा जितेन्द्र कुमार आरा, डा ओमप्रकाश राजापुरी महामंत्री सारण प्रमण्डल भोजपुरी साहित्य सम्मेलन छपरा,श्री कौशल मुहब्बतपुरी मुजफ्फरपुर, डा विक्रम कुमार सिंह चम्पारन, श्री राम कुमार गिरी चम्पारणी, आ एकरा अलावे केशरिया पूर्वी चम्पारन के समाजिक, साहित्यिक ,सास्कृतिक ,कार्यकर्ता लोग बढ चढ के भाग लीहल ह। बैठक के संचालन डा जयकान्त सिंह जय जी कइनी ह। जय भोजपुरी जय मातृभाषा जय भोजपुरिया समाज।

Related posts

Leave a Comment

five × four =