अगलगी में लाखों रूपिया मूल्य के संपत्ति जरके भइल नष्ट

बिजली शॉर्ट सर्किट से मिल्क पार्लर आ जेनरल स्टोर के दोकान में लागल आग। अगलगी में लाखों रूपिया मूल्य के संपत्ति जरके भइल नष्ट
धर्मेन्द्र कुमार पांडेय, भोजपुरी समय, तरैया,सारण: बिहार के सारण जिला के तरैया थाना क्षेत्र के उसरी चांदपुरा बाजार स्थित एगो सुधा मिल्क पार्लर आ जनरल स्टोर के दोकान में शनिचर के बिजली के शॉर्ट सर्किट से अचानक आग लाग गइल। जवना के चलते दोकान में राखल लाखन रुपिया मूल्य के संपत्ति जरके नष्ट हो गइल। मिलल जानकारी के अनुसार उक्त बाजार इस्थित मृत्युंजय प्रसाद के सुधा मिल्क पार्लर आ होल-सेल जेनरल स्टोर के दोकान में बिजली के शॉर्ट सर्किट से अचानक आग लाग गइल। स्थानीय ग्रामीणजन के द्वारा आग पर काबू पावे के काफी कोशिश कइल गइल बाकिर आग के लपट एतना तेज रहद कि आग पर काबू पावल मुश्किल रहे। एह दौरान आग के लपट बढ़ते-बढ़ते दोकान में राखल सभ सामान के अपना आगोश में ले लिहलस। ओहिजा घटना के सूचना मिलला पर मौके पर पहुंचल तरैया थाने के फायर ब्रिगेड के गाड़ी कड़ा मशक्कत के बाद आग पर काबू पावे में सफल भइल। ओहिजा घटना के सूचना पाके स्थानीय मुखिया प्रतिनिधि धनवीर कुमार सिंह विक्कू, बीडीसी सदस्य साबिर हुसैन, समेत अन्य लोग मौका पर पहुंच इस्थिति के जायजा लिहले।
एह संबंध में चांदपुरा गांव निवासी दोकानदार मृत्युंजय प्रसाद तरैया थाना में एगो लिखित शिकायत दिहले बाड़े। एह शिकायत में सुधा मिल्क पार्लर आ होलसेल जेनरल स्टोर दोकान में भइल अगलगी के घटना में लगभग 14 लाख रुपिया के नोकसान बतावल गइल बा।

Related posts

Leave a Comment

ten − 7 =