दू दिन के बरखा के बाद तरैया में एसएच पर भइल जलजमाव

भोजपुरी समय, रंजन कुमार, (तरैया) छपराः मौसम के बेरुखी आ ओही में झमाझम भइल बरसात  तरैया बजार के सड़कन के सूरत बिगाड़ के राख दिहले बा। जी हां तरैंया के अवधिया टोली स्थित मुख्य सड़क एसएच-73 पर पानी लागे से आवे–जाए वाला राहगीर आ व्यवसायी लोग के बहुते दिक्कत के सामना करे के पड़ रहल बा। आ एह सभ के मुख्य कारण बा तरैया बाजार स्थित एसएच 73 के किनारा पानी निकासी खातिर बनल नाला के स्थानीय लोग के द्वारा पूर्ण रूप से बंद कर दिहल। एकरा संगे संगे  व्यवसायी लोग द्वारा नाला पर अस्थायी दोकान लगा दिहला से भी लोग के आवे जाए में बहुत परेशानी हो रहल बा आ तनियो सा बारिस में भी सड़क पर लगभग एक फूट पानी जमा हो जाता।

ओहिजा अवधिया टोली में पानी निकासी खातिर एसएच निर्माण के बेरा कवनो नाला ना बनावल गइल रहे। जवना से अक्सर इहां सड़क पर पानी लागल रहेला। बता दीं कि स्थानीय अंचल अधिकारी द्वारा पहिलहूं तरैंया बजार के सड़कन के किनारा आ सरकारी नाला पर से अतिक्रमण हटावे के आदेश दियाइल बा। बाकिर कई महीना बीत गइला के बादो आजतक व्यपारी लोग द्वारा सरकारी जमीन आ नाला के अतिक्रमण मुक्त नइखे कइल गइल आ ना प्रशासने द्वारा ई खाली करावल गइल बा।

 

विधायक के पहल से एसएच के किनारा बनी नाला

आमजन के समस्या के देखत जब एह सम्बंध में स्थानीय विधायक मुंद्रिका प्रसाद राय से बात कइल गइल त ऊहां के बतलवनी कि तरैया में एसएच किनारा जलजमाव के समस्या गम्भीर बा। तरैया वासियन के समस्या के देखत पथ निर्माण विभाग के प्रधान सचिव के ध्यानाकर्षण एह ओर करावल गइल रहे।

जवना के बाद पथ निर्माण विभाग छपरा के कार्यपालक अभियंता द्वारा तरैया बजार स्थित एसएच के निरीक्षण भी कइल गइल बा। आ बहुते जल्दी जलजमाव के समस्या से मुक्ति मिली। ओहिजा तरैया में अब एसएच-73 आ एसएच-104 सड़क के दूनों ओर नाला के निर्माण करावल जाई ताकि जलजमाव के समस्या खत्म हो सके।

Related posts

Leave a Comment

fourteen − 3 =