छपरा में शुरु भइल आपदा राहत केंद्र

छपरा में शुरु भइल आपदा राहत केंद्र

भोजपुरी समय, पंकज कुमार, छपरा(सारण): देश में कोरोना वायरस से जंग खातिर लॉकडाउन के घोषणा के बाद आज बिहार के सारण प्रमंडल के छपरा जिला के मेहियां माला में इस्थित लोकनायक जय प्रकाश नारायण इंजिनियरिंग कॉलेज में स्थानिय जिलाधिकारी के देखरेख में आपदा राहत केंद्र खोलल गइल हऽ। प्राप्त जानकारी के मोताबिक आज सांझ के 5 बजे एह केंद्र के खोलल गइल हऽ।  प्रशासन के मोताबिक एह केंद्र में ऊ सभे लोग जे यात्रा के दौरान छपरा में पंस गइल बाडें ऊ इहंवा आके मदद ले सकत बाड़न। एह केंद्र में अइसन लोग के रहे आ खाए के पूरा बेवस्था कइल गइल बा। ओहिजा एह केंद्र के प्रभारी जिला के अपर समाहर्ता(विभागिय जांच) आ निदेशक डीआऱडीए के बनावल गइल बा। एह केंद्र के बारे में पत्रकारन से बात करत अधिकारी लोग बतावल कि अइसन केहू भी जे जरुरतमंद बा ऊ एह केंद्र में आके सहायता ले सकता। एकरा खातिर ऊ लोग प्रभारी अधिकारी लोग के मोबाइल नंबर 9955185596 अपर समाहर्ता(विभागिय जांच) आ 9199371901 निदेशक डीआऱडीए पर संपर्क कर सकता। भोजपुरी समय छपरा जिला प्रशासन आ छपरा के डीएम के कोरोना वायरस के संक्रमण से जंग में लॉकडाउन में फंसल लोगन के मदद के एह प्रयास के सैल्यूट करता।  

Related posts

Leave a Comment

9 + eighteen =