नई दिल्ली
कईगो राजनैतिक पार्टीन शाहीन बाग में सीएए, एनपीआर अउरी एनआरसी में डेढ़ महीना से अधिका समय से घरना अउरी हिंसा के खबर के कारन चुनाव आयोग पऽ आरोप लागत रहल कि चुनाव आयोग एह इलाका में शान्ति से चुनाव करावे मे सक्षम नइखे। दिल्ली मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवालो एह दिसाईं आरोप लगवले रहलन हऽ।
चुनाव आयोग एही खाती शाहीन बाग के दौरा कइलस। दिल्ली के मुख्य निर्वाचन अधिकारी डॉ रणबीर सिंह दिल्ली पुलिस अधिकारीन के संगे शाहीन बाग इलाका के दौरा कइलन।
चुनाव आयोग शाहीन बाग के स्थिति संतोषजनक पवलस अउरी 8 फरवरी के एह इलाका में सही तरीका से करावे के बात कहलस।