चार राज्यन के विधानसभा चुनाव खातिर बीजेपी जारी कइलस आपन चुनाव प्रभारीयन के सूची

नई दिल्ली, समाचार डेस्क, भोजपुरी समयः आवे वाला समय में चार राज्यन में विधानसभा चुनाव 2021 के देखत आज बीजेपी के राष्ट्रीय अध्यक्ष जे.पी.नड्डा चुनाव वाला राज्यन में चुनाव प्रभारी आ सह-प्रभारीयन के सूची जारी कर दिहले बाडें। सोशल नेटवर्किंग साइट ट्विटर पर बीजेपी के आधिकारिक ट्विटर हैंडल के द्वारा जारी पोस्ट से ई जानकारी मिलल बा। बता दीं कि एह साल  असम, तमिलनाडु, केरल आ पुद्दुचेरी में विधानसभा के चुनाव होखे वाला बा। ट्विट में साझा कइल सूची के अनुसार केंद्रीय कृषि मंत्री नरेन्द्र सिंह तोमर के जहां असम…

Read More

किसान यूनियनन के जिद के कारण नइखे बढ़ पावत बातचीत : कृषि मंत्री तोमर

नई दिल्ली, समाचार डेस्क, भोजपुरी समयः कृषि मंत्री नरेंद्र सिंह तोमर नया कृषि कानूनन के वापस लेवे के मांग कर रहल किसानन से आंदोलन खत्म करे के गोहार लगवले बाडें। ऊहां के कहनी कि किसानन के अब कवनो आउर आंदोलन ना करे के चाहीं। सरकार उनकर(किसानन के) कइगो मांगन के मान चुकल बिया आ अबहींयो उनकर हर बात सुने के तइयार बा। ऊ आगे कहनी कि किसान यूनियनन के हठ के कारण मुद्दा सुलझ नइखे पावत। बता दीं कि सरकार आउर किसानन के बीच बस एगो फोन कॉल के दूरी…

Read More

भारत के रक्षा खातिर दोसरा पर निर्भर नइखे रहल जा सकत-राजनाथ सिंह, रक्षा उत्पादन बढ़ावे पर दिहले जोर

बेंगलुरु, समाचार डेस्क, भोजपुरी समयः रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह मंगलवार के डिफेंस प्रोडक्शन के बढ़ावे पर जोर देत कहलें कि भारत अपना रक्षा खातिर दोसरा देशन पर निर्भर नइखे रह सकत। राजनाथ हिंदुस्तान एयरोनॉटिक्स लिमिटेड (एचएएल) के दूसरा एलसीए-तेजस प्रोडक्शन फैसिलिटी के  उद्घाटन समारोह में ई बात कहलें। एह उत्पादन फैसिलिटी के उद्घाटन केंद्रीय रक्षामंत्री राजनाथ सिंह कइले। एह मौका पर ऊ कहलें कि भारत ‘आत्मनिर्भर भारत अभियान’ के तहत अपना रक्षा उत्पादन क्षमता के बढ़ावे के दिशा में बढ़ रहल बा। राजनाथ कहलें कि ‘भारत अपना रक्षा खातिर दोसरा देशन पर…

Read More