शहीद दिवस पर लियो क्लब छपरा टाउन शहीदन के परिजन के कइलस सम्मानित

प्रशांत द्विवेदी, समाचार डेस्क, भोजपुरी समय, छपराः अंतरराष्ट्रीय स्वयंसेवी संस्था लायंस क्लब छपरा टाउन के युवा इकाई लियो क्लब छपरा टाउन देश के वीर सैनिकन के श्रद्धांजलि अर्पित करत शहीद दिवस पर आयोजित कार्यक्रम में सारण जिला के लाल संतोष कुमार के प्रतिमा पर माल्यार्पण कइलस। एकरा अलावा क्लब के सदस्य लोग शहीद के पैतृक गांव रिविलगंज जाके शहीद संतोष कुमार के परिजन पिता त्रिभुवन प्रसाद के शॉल आ स्मृति पत्र देके सम्मानितो कइले। क्लब के सदस्यन के द्वारा शहीद मुन्ना कुमार यादव आ शंभु कुमार यादव के परिजनो के…

Read More

मशरक के दू अंक से हरा बनियापुर बनल चैंपियन

धर्मेंद्र पांडेय, खेल डेस्क, भोजपुरी समय, मशरकः राष्ट्रीय सड़क सुरक्षा सप्ताह के अंतर्गत खेल प्रतियोगिता के पांचवां दिन राजकीयकृत उच्चतर माध्यमिक विद्यालय मशरक के प्रांगण में आयोजित महिला हैंडबॉल प्रतियोगिता के रोचक मुक़ाबला में बनियापुर के टीम मशरक के टीम के 8 – 6 के अंतर से पराजित कर विजेता ट्रॉफी पर आपन कब्जा जमवलस। ओहिजा मशरक टीम के उपविजेता के ट्रॉफी से संतोष करे के पड़ल। मशरक पुलिस द्वारा सड़क सुरक्षा सप्ताह के तहत आयोजित एह कार्यक्रम के संयोजक मशरक पूर्वी के मुखिया प्रतिनिधि अमर सिंह कार्यक्रम में आइल…

Read More