हैदराबाद से मजदूर के शव गांवे अइला के बाद गांव में फइलल मातम

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय,भटकेशरी, सारण: बीतल शुक्रवार दिनांक 18 दिसंबर 2020 के हैदराबाद में निर्माणाधीन पावर प्लांट के चिमिनी से गिरके भटकेशरी निवासी गली प्रसाद के बेटा रमेश प्रसाद के मौत हो गइल रहे। आज जब रमेश के लाश उनकरा पैतृक गांव भटकेशरी पहुंचल त रमेश के परिवार के संगे संगे पूरा गांव में दुख आ गम के लहर पसर गइल। बता दीं की रमेश अपना माई बाबूजी के एकलौता कमाऊ संतान रहले। रमेश अपना पीछा पत्नी गीता देवी , चारगो बेटी आ दूगो बेटा के छोड़ गइल बाड़े।…

 9,508 total views,  10 views today

Read More

भिखारी ठाकुर सम्मान से नवाजल गइले सोहईं के लाल जय प्रकाश गिरी

राम प्रकाश तिवारी,भोजपुरी समय, सोहईं, सारणः भोजपुरी के शेक्सपियर के नाम से विश्वविख्यात प्रसिद्ध भोजपुरिया नाटककार आ लोक कलाकार स्वर्गीय भिखारी ठाकुर के 133 वां जयंती देश विदेश के संगे संगे भिखारी ठाकुर के पैतृक गांव कुतुबपुर में बहुते धूमधाम से मनावल गइल। एही क्रम में कुतुबपुर में आयोजित एगो समारोह में गड़खा से विधायक सुरेंद्र राम, भिखारी ठाकुर जयंती समारोह आयोजन समिति के अध्यक्ष लल्लन यादव के द्वारा भोजपुरी फिल्मन के उभरत आ स्थापित लोककलाकारन के भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित कइल गइल। बता दीं कि एह क्रम में…

 20,455 total views,  201 views today

Read More