डॉ. मुन्ना पांडेय के मुहिम के भइल असर- गोपालगंज जिला प्रशासन फत्तेबहादुर शाही के नाम के सोझा से हटवलस डाकू के उल्लेख

 भोजपुरी समय, राम प्रकाश तिवारी, गोपालगंज/नई दिल्लीः पिछला डेढ़ बरिस से जवना मुहिम में डॉ. मुन्ना पांडेय लागल रहनी हं ऊ मुहिम के पहिलका चरण आज ओह बेरा पूरा हो गइल जब गोपालगंज जिला प्रशासन जन दबाव में आके अपना आधिकारिक वेबसाइट पर गोपालगंज के बारे में दर्ज उल्लेख में से आजादी के पहिलका लड़ाई से भी पहिले भोजपुरिया क्षेत्र में अंग्रेज आ ईस्ट इंडिया कंपनी के खिलाफ युद्ध के आगाज करे वाला वीर स्वतंत्रता सेनानी महाराजा फत्त्तेबहादुर शाही के बारे में दर्ज गलत आ अपमानजनक जानकारी के हटा दिहलस…

 80,955 total views,  9 views today

Read More

रामनाथ पांडेय के नाम पर एही साल शुरु होखी दूगो वेबसाइट

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के पहिला उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर आयोजित ऑनलाइन कार्यक्रम में सारण भोजपुरिया समाज के सलाहकार आ वरिष्ठ सदस्य प्रसिद्ध गजलकार आ भोजपुरी भाषा के विद्वान डॉ.जौहर सफियाबादी कहलें कि श्रद्धेय रामनाथ पांडेय के नाम पर एही बरिस दूगो वेबसाइट संस्था के द्वारा शुरू कइल जाई। एह बारे में विस्तार से बतावत डॉ. सफियाबादी कहनीं कि जहां एगो वेबसाइट के नाम रामनाथ पांडेय भोजपुरी के पहिलका उपन्यासकार रही ओहिजा दूसरका के नाम सारण भोजपुरिया समाज होखी। एओह वेबसाइटन के माध्यम से भोजपुरी के…

 734 total views

Read More

रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर ऑनलाइन कवि सम्मेलन में बहल काव्य रसधार

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के पहला उपन्यासकार आ सुप्रसिद्धभोजपुरी साहित्यकार स्वर्गीय रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर सारण भोजपुरिया समाज के संगे-संगे भोजपुरी भाषा के सेवा में लागल तमाम संस्था अपना अपना स्तर पर ऑनलाइन कार्यक्रम के आयोजन कइली सं। एही क्रम में सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक बिमलेंदु पांडेय बतवनी कि संस्था के द्वारा रामनाथ पांडेयजी के निवास स्थान पर एगो श्रद्धांजलि सभा के आयोजन कइल गइल रहल हऽ जहां श्रद्धांजलि दिहला के बाद पांडेयजी के निवास स्थान से दिवाकर उपाध्याय आ लोकगायक शैलेश समदर्शी अपना निर्गुण गीतन…

 1,392 total views,  1 views today

Read More

भोजपुरी के प्रथम उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथी पर आयोजित भइल समारोह

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के प्रथम उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के जयंती 8 जून से लेके पुण्यतिथि 16 जून तक सोशल मीडिया के माध्यम से कइगो आयोजन भइल हऽ। एही क्रम में सारण भोजपुरिया समाज के वाट्सएप ग्रुप पर देर रात तक कविता-कहानी, गीत-गजल के दौर चलल त ओहिजा फेसबुक पेज पर भी लाइव कार्यक्रम भइल। सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक बिमलेंदु भूषण पांडेय बतवलन कि सारण भोजपुरिया समाज के द्वारा स्वर्गीय रामनाथ पाण्डेय के रतनपुरा स्थित निवास पर श्रद्धांजलि कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। एह मौका पर सारण…

 293 total views

Read More

चीन के धोखा, लद्दाख में 23 जवान शहीद

लद्दाख भारत चीन सीमा विवाद के कारण सोमार रात के पूर्वी लद्दाख ले गलवान घाटी में चीनी सेना के धोखा दिहला के कारन भारत के एगो कर्नल समेत 23 जवान सीमा पऽ शहीद हो गइल बाड़े। चीनी सेना समझौता के बाद धोखा दे के भारतीय सैनिकन पऽ पीछे से पत्थर, कंटइला तार के लाठी से रात के अंधेरा में भारतीय पेट्रोल पार्टी पऽ हमला कऽ दिहलस। एह हमला बिहार रेजीमेंट के कर्नल संतोष बाबू अउरी हवलदार आ सिपाही वीरगति के प्राप्त कइले बाड़े।  1,696 total views

 1,696 total views

Read More

बलिया में कोरोना वायरस के 68 मरीज, रिकवरी रेट 77.9%

बलिया बलिया में 16 जून के कोरोना वायरस संक्रमण के 2 गो नया ममिला सोझा आइल बा। एकरा बाद अब बलिया में करोना के कुल्ह 68 गो मरीज हो गइल बाड़ें। अब ले 53 मरीज ठीक भइला बाड़ें। बलिया में कोरोना वायरस संक्रमण के 38वां दिन हऽ अउरी रिकवरी रेट 77.9% हो गइल बा। सबसे बढ़िया बात ई बा कि बलिया में मरीज 7-11 दिन में ठीक हो रहल बाड़े जबकि राष्ट्रीय औसत लगभग 14-18 बा। बलिया 10 मई 2020 ले ग्रीन जोन रहल। 11 मई के पहिला केस आइल…

 6,634 total views

Read More

कोविड-19: 35 राज्य 3,54,161 मरीज

नई दिल्ली कोरोना के संक्रमण बढ़ि के अब भारत के 35 राज्यन में फइल गइल बा। आज 16 जून के रात ले देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 3,54,161 गो कंफर्म ममिला हो गइल बा।  एह मरीजन में से कुल्ह 1,87,552 मरीज ठीक हो गइल बाड़े आ 1,54,643 मरीजन के इलाज चल रहल बा। बाकिर एह बेमारी से कुल्ह 11,921 मरीजन के मउत हो गइल बा। एह मरीजन में से कुल्ह 1,13,445 मरीज अकेले महाराष्ट्र राज्य से बाड़े। आज 16 जून के कुल्ह 11,090 नया मरीजन के मिललन आ…

 969 total views

Read More

कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह केस 14,598

लखनऊ पिछिला 24 घंटा में 16 जून रात ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी कुल्ह 507 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 14,598 केस हो गइल बा। आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 5,259 केस एक्टिव बा अउरी अबले 8,904 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 294 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 18 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 435 हो…

 954 total views

Read More

कोरोना वायरस: दिल्ली में 1,859 केस बढ़ल, कुल्ह संख्या 44,688

नई दिल्ली पिछिला 24 घंटा में 16 जून रात ले दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी सभसे बेसी 1,859 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 44,688 केस हो गइल बा। आज दिल्ली में कुल्ह 26,351 केस एक्टिव बा अउरी अबले 16,500 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। बाकिर पिछिला 24 घंटा में 16 जून रात ले दिल्ली में 437 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के…

 676 total views,  1 views today

Read More

कोरोना वायरस: बिहार में कोरोना के 148 केस बढ़ल

पटना पिछिला 24 घंटा में 16 जून साँझ ले बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के 148 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 6,810 केस हो गइल बा। आज बिहार में कुल्ह 2,200 केस एक्टिव बा। अब ठीक होखे वाला मरीजन संख्या बढ़ि के 4,571 हो गइल बा। आज 1 मरीज के मउत भइला के बाद बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के कारन कुल्ह 39 लोगन के मउत हो गइल बा। बिहार में अब ले सभसे बेसी बढ़त 20 मई…

 298 total views

Read More