चीन में कोरोना वायरस संक्रमण के दूसरका लहर

नई दिल्ली चीन के सरकारी मीडिया के हिसाब से चीन अब ले कोरोना वायरस संक्रमण पऽ काबू पा गइल रहल हऽ। बाकिर अब खबर आवता कि चीन के बिजिंग शहर में कोरोना वायरस संक्रमण के दूसरका लहर शुरू हो गइल बा। बिजिंग कुछ दिन में बिजिंग में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 36 ममिला सोझा आइल बा। चीन के राष्ट्रीय स्वास्थ्य आयोग (एनएचसी) के अधिकारिन के हिसाब से शनिचर के कोरोना वायरस संक्रमण 57 गो नया ममिला सोझा आइल बा। एह ममिलन में 38 गो ममिला स्थानिय संक्रमण के कारन…

 9,347 total views,  164 views today

Read More

कोरोना वायरस: बिहार में कोरोना के 148 केस बढ़ल

पटना पिछिला 24 घंटा में में आज 14 जून साँझ ले बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के 66 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 6,355 केस हो गइल बा। आज बिहार में कुल्ह 2,344 केस एक्टिव बा। अब ठीक होखे वाला मरीजन संख्या बढ़ि के 3,975 हो गइल बा। आज एगो मरीज के मउत भइला के बाद बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के कारन कुल्ह 36 लोगन के मउत हो गइल बा। बिहार में अब ले सभसे बेसी बढ़त…

 633 total views

Read More

अभिनेता सुशान्त सिंह राजपूत कइलें आत्महत्या

मुम्बई हिन्दी फिल्म अभिनेता सुशान्त सिंह राजपूत मुम्बई के फ्लैट में आत्महत्या कऽ ले ले बाड़े। लोगन के कहनाम बा कि सुशान्त पिछिला कुछ समय से अवसाद में रहलन हँ। आत्महत्या के समय उनकरी घर में उनकर कुछ दोस्त संगहीं रहलन। उनकर नौकर पुलिस के फोन कऽ के उनकरी आत्महत्या के सूचना दिहलस। सुशान्त एम एस धोनी, सोनचिरया जइसन फिल्मन में काम कइले रहलन। सुशान्त के जनम 1986 में बिहार में भइल रहे। ऊ दिल्ली के दिल्ली कॉलेज ऑफ इंजिनियरिंग से पढ़ाई कइले रहलन। उनकरी परिवार में उनकरी पिता के…

 11,164 total views,  165 views today

Read More

बलिया में कोरोना वायरस के 63 मरीज, रिकवरी रेट 79.4%

बलिया बलिया में 13 जून के कोरोना वायरस संक्रमण के 3 गो नया ममिला सोझा आइल बा। एकरा बाद अब बलिया में करोना के कुल्ह 63 गो मरीज हो गइल बाड़ें। अब ले 50 मरीज ठीक भइला बाड़ें। मरीज लगभग 14-15 दिन में ठीक हो गइल बाड़ें। बलिया में कोरोना वायरस संक्रमण के 32वां दिन हऽ अउरी रिकवरी रेट 79.4% हो गइल बा। सबसे बढ़िया बात ई बा कि बलिया में मरीज 7-11 दिन में ठीक हो रहल बाड़े जबकि राष्ट्रीय औसत लगभग 14-18 बा। बलिया 10 मई 2020 ले…

 582 total views

Read More