कोरोना वायरस: बिहार में कोरोना के 233 केस बढ़ल

पटना पिछिला 24 घंटा में में आज 6 जून साँझ ले बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के 233 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 4,831 केस हो गइल बा। आज बिहार में कुल्ह 2,504 केस एक्टिव बा। अब ठीक होखे वाला मरीजन संख्या बढ़ि के 2,298 हो गइल बा। बाकिर एह समय में कुल्ह 29 लोगन के मउत भइल बा। बढ़िया बात ई बा कि पिछिला दू दिन से केहू के म उत नइखे भइल। बिहार में अब ले…

Read More

कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह केस 10 हजार पार

लखनऊ पिछिला 24 घंटा में 6 जून रात ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 370 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 10,103 केस हो गइल बा। आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 3,927 केस एक्टिव बा अउरी अबले 5,908 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 260 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 11 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 268 हो गइल बा। उत्तर प्रदेश…

Read More

पटना में दीप प्रज्जवलन के संगे दिल्ली से अमित शाह के वर्चुअल रैली के भइल शुरुआत

भोजपुरी समय, पॉलिटिकल डेस्क, नई दिल्लीः बिहार विधानसभा के चुनाव के सुगबुगाहट अब गते गते तेज होत जा रहल बा। एह क्रम में आज बीजेपी के पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष आ केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के पहिलका वर्चुअल रैली के आज पटना में पार्टी कार्यालय में बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील मोदी आ बिहार के प्रदेश अध्यक्ष के द्वारा दिया जरावला के संगे हो गइल बा। एह दौरान नई दिल्ली इस्थित बीजेपी मुख्यालय में अमित शाह के संगे संगे पटना से सांसद आ केंद्र सरकार में कैबिनेट मंत्री रविशंकर प्रसाद आ तमाम…

Read More

कोविड-19: 35 राज्य 2,47,857 मरीज, दैनिक संख्या 10 हजार पार

नई दिल्ली कोरोना के संक्रमण बढ़ि के अब भारत के 35 राज्यन में फइल गइल बा। आज 7 जून साँझ के देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 2,47,857 गो कंफर्म ममिला सोझा आइल बा। 6 जून के रिकार्ड 10,521 मरीज मिललन। एह मरीजन में कुल्ह 1,19,086 मरीज ठीक हो गइल बाड़े आ 1,21,804 मरीजन के इलाज चल रहल बा। बाकिर एह बेमारी से कुल्ह 6,954 मरीजन के मउत हो गइल बा। एह मरीजन में से कुल्ह 82,968 मरीज अकेले महाराष्ट्र राज्य से बाड़े। राज्य पॉजेटिव केस डिस्चार्ज मौत 1…

Read More

तरैया विधानसभा सीट से चुनाव लड़े के ऐलान कइले युवा राजद नेता मिथिलेश राय

भोजपुरी समय, रंजन कुमार, तरैया (छपरा) :  बिहार में विधानसभा के चुनाव जइसे जइसे नजदिका रहल बा ओइसे ओइसे चुनाव लड़े के इच्छुक लोग सामने आ रहल बा। एह कड़ी में छपरा जिला के तरैया थाना क्षेत्र के फेनहारा गांव के रहे वाला आ युवा राजद नेता मिथिलेश राय भी आवे वाला विधानसभा चुनाव के लड़े के घोषणा कर दिहले बाड़े। छपिया में इस्थित मुस्कान लाइन होटल में अपना कार्यालय पर पत्रकारन से बातचीत करत ऊ चुनाव के तइयारी में व्यस्त होखे के बात कहलें हं। एकरा अलावा आगामी विधानसभा…

Read More

धिक्कार दिवस के रुप में भाकपा-माले कइलस अमित शाह के रैली के विरोध

धिक्कार दिवस के रुप में भाकपा-माले कइलस अमित शाह के रैली के विरोध भोजपुरी समय, रंजन कुमार, पानापुर छपराः अमित शाहके आज होखे वाला वर्चुअल रैली के बिहार में भाकपा माले के कार्यकर्ता अपना सात सूत्री मांगन के लेके विश्वासघात आ धिक्कार दिवस के रुप में मना के कर रहल बाड़े। एही क्रम में छपरा के भोरहा में जिला कमिटी के सचिव सभापति राय के नेतृत्व में भाकपा माले के कार्यकर्ता अपना सात सूत्री मांगन के लेके धरना दिहल हऽ लोग। माले नेता सभापति राय कहले हं कि आज मजदूर…

Read More

थरिया आ ताली पीटके गृहमंत्री के रैली के विरोध कर रहल बा राजद

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र कुमार, पानापुर छपराः बिहार में चुनावी बिगुल फुंके के मंशा से आज केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के वर्चुअल रैली आयोजित होखे जा रहल बा। एह रैली के बिहार में मुख्य विपक्षी दल राजद विरोध कर रहल बा। एह लोग के कहनाम बा कि केंद्र आ राज्य सरकार के जनविरोधी नीतियन के खिलाफ हमनी ई विरोध कर रहल बानी। एही क्रम में राजद के कार्यकर्ता जहां थरिया आ ताली पीटके एकर विरोध कइलस हऽ लोग। राजद हाइकमान के निर्देश पर राजद कार्यकर्ता अनिल यादव के नेतृत्व में प्रखंड…

Read More

दू दिन के बरखा के बाद तरैया में एसएच पर भइल जलजमाव

भोजपुरी समय, रंजन कुमार, (तरैया) छपराः मौसम के बेरुखी आ ओही में झमाझम भइल बरसात  तरैया बजार के सड़कन के सूरत बिगाड़ के राख दिहले बा। जी हां तरैंया के अवधिया टोली स्थित मुख्य सड़क एसएच-73 पर पानी लागे से आवे–जाए वाला राहगीर आ व्यवसायी लोग के बहुते दिक्कत के सामना करे के पड़ रहल बा। आ एह सभ के मुख्य कारण बा तरैया बाजार स्थित एसएच 73 के किनारा पानी निकासी खातिर बनल नाला के स्थानीय लोग के द्वारा पूर्ण रूप से बंद कर दिहल। एकरा संगे संगे  व्यवसायी…

Read More