बलिया में आज कोरोना के 7 नया मरीज, कुल्ह संख्या 50

बलिया बलिया में आज 31 मई एतवार के कोरोना वायरस संक्रमण के 7 गो नया ममिला सोझा आइल बा। एकरा बाद अब बलिया में करोना के कुल्ह 50 गो मरीज हो गइल बाड़ें। बाकिर काल्ह 12 मरीज ठीक भइला के बाद डिस्चार्ज कऽ दिहल गइल बाड़ें ई बारहो मरीज लगभग 14-15 दिन में ठीक हो ग इल बाड़ें बलिया में कोरोना वायरस संक्रमण के 21वां दिन हऽ अउरी रिकवरी रेट 28 बा। बलिया 10 मई 2020 ले ग्रीन जोन रहल। 11 मई के पहिला केस आइल रहे। 4 दिन बाद…

 522 total views

Read More

कोविड-19: 35 राज्य 1,85,884 मरीज

नई दिल्ली कोरोना के संक्रमण बढ़ि के अब भारत के 35 राज्यन में फइल गइल बा। आज 31 मई साँझ के देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 1,85,884 गो कंफर्म ममिला सोझा आइल बा। एह मरीजन में कुल्ह 88,546 मरीज ठीक हो गइल बाड़े। बाकिर एह बेमारी से कुल्ह 45,266 मरीजन के मउत हो गइल बा। एह मरीजन में से कुल्ह 65,168 मरीज अकेले महाराष्ट्र राज्य से बाड़े। राज्य पॉजेटिव केस डिस्चार्ज मौत 1 अंडमान निकोबार द्वीप 33 33 0 2 आंध्र प्रदेश 3571 2340 62 3 अरुणाचल प्रदेश…

 1,199 total views

Read More

कोरोना वायरस: बिहार में कोरोना के 111 केस बढ़ल

पटना पिछिला 24 घंटा में में आज 31 मई साँझ ले बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के 111 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 3,676 केस हो गइल बा। आज बिहार में कुल्ह 2,244 केस एक्टिव बा अउरी अबले 1,311 लोगन ठीक हो गइल बा। बाकिर एह समय में कुल्ह 21 लोगन के मउत हो गइल बा। बिहार में अब ले सभसे बेसी बढ़त 20 मई के 257 केस बढ़ल रहल। बिहार में अब ले कोरोना वायरस संक्रमण के…

 426 total views

Read More

कोरोना वायरस: 31 मई के दिल्ली में रिकार्ड 1,295 केस बढ़ल

नई दिल्ली पिछिला 24 घंटा में दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के रेकार्ड 1,295 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 19,844 केस हो गइल बा। आज दिल्ली में कुल्ह 10,893 केस एक्टिव बा अउरी अबले 8,478 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 403 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 57 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 473 हो गइल बा। आज दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के सभसे बेसी…

 430 total views,  1 views today

Read More

G7 शिखर सम्मेलन सितंबर ले टलल

अमेरीकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप घोषणा क इले हँ कि 10-12 जून के होखे वाली जी-7 समिट के टालल जा रहल बा। अब जी-7 के शिखर सम्मेलन सितम्बर में होई। अमेरीकी राष्ट्रपति अपनी घोषणा में बतवलें हँ कि सितम्बर में होखे वाला प्रस्तावित शिखर सम्मेलन में भारत, रूस, साउथ कोरिया अउरी ऑस्ट्रेलिया के शामिल होखे आमंत्रित कइल जाई। G7 में अभी अमेरिका, इटली, जापान, कनाडा, फ्रांस, जर्मनी, ब्रिटेन के संगे यूरोपियन यूनियन शामिल बा। लम्बा समय से अंतर्राष्ट्रीय जगत में माँग होत बा कि भारत जइसन के जी-7 के हिस्सा बने…

 15,357 total views,  163 views today

Read More

नेपाल के विवादित नक्शा के मुख्य विपक्षी दल के समर्थन

नई दिल्ली विपक्ष के समर्थन के बाद नेपाल के के पी शर्मा ओली सरकार के प्रस्तावित विवादित नक्शा खाती होखे वाला संवैधानिक संशोधन के पास कर के रास्ता अब साफ हो गइल बा। नेपाल के मुख्य विपक्षी पार्टी नेपाली कॉग्रेस एह नक्शा खाती होखे वाला संविधान संशोधन के समर्थन कऽ देले बा। राष्ट्रीय प्रजातंत्र पार्टी (आरपीपी), समाजवादी जनता पार्टी नेपाल अउरी राष्ट्रीय जनता पार्टी नेपाल पहिलहीं से एकरा समर्थन रहली हऽ सऽ। मालूम होखे के चाहीं कि नेपाल के नवका प्रस्तावित नक्शा में भारत के तीन गो इलाका कालापानी, लिंपियाधुरा…

 15,392 total views,  163 views today

Read More

कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह 7,701 केस भइल

लखनऊ पिछिला 24 घंटा में 30 मई रात ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 256 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 7,701 केस हो गइल बा। आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 2,837 केस एक्टिव बा अउरी अबले 4,651 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 241 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 12 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 213 हो गइल बा। उत्तर प्रदेश…

 471 total views

Read More