बलिया में कोरोना के 43 मरीज, 12 ठीक भइलें

बलिया बलिया में आज 29 मई के कोरोना वायरस संक्रमण के 7 गो नया ममिला सोझा आइल बा। एकरा बाद अब बलिया में करोना के कुल्ह 43 गो मरीज हो गइल बाड़ें। बाकिर काल्ह 12 मरीज ठीक भइला के बाद डिस्चार्ज कऽ दिहल गइल बाड़ें ई बारहो मरीज लगभग 14-15 दिन में ठीक हो ग इल बाड़ें बलिया में कोरोना वायरस संक्रमण के 19वां दिन हऽ अउरी रिकवरी रेट 28 बा। बलिया 10 मई 2020 ले ग्रीन जोन रहल। 11 मई के पहिला केस आइल रहे। 4 दिन बाद 15…

 934 total views,  8 views today

Read More

कोरोना वायरस: 30 मई के दिल्ली में रिकार्ड 1,163 केस बढ़ल

नई दिल्ली पिछिला 24 घंटा में दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के रेकार्ड 1,163 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 18,549 केस हो गइल बा। आज दिल्ली में कुल्ह 10,058 केस एक्टिव बा अउरी अबले 8,075 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 229 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 18 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 416 हो गइल बा। आज दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के सभसे बेसी…

 896 total views

Read More

लद्दाख में सीमा पऽ भारत-चीन में तनाव जारी

लद्दाख ओपन सोर्स इंटेलिजेंस अनैलिस्ट Detresfa के जारी कइल ताजा सैटलाइट फोटो के हिसाब से चीन के सेना पीपल्स लिबरेशन आर्मी (PLA) लद्दाख में आपन सैन्य गतिविधि बढ़ा रहल बे। चीनी सेना पैंगॉन्ग सो अउरी गोगरा इलाका के सोझा आपन पोजीशन लेले बिया। चीन के गतिविधि के देखत भारत एह क्षेत्र में अपना सैनिकन के संख्या बढ़ा देले बा। हालाँकि कुछ दिन पहिले चीन भारत के संगे गतिरोध कम करे के संकेत देले रहे बाकिर ई लागत बा कि चीन के गतिरोध कम करे के बाद खाली एगो डाइवर्जन रहल…

 2,186 total views

Read More

एंजेला मर्केल ना शामिल होइहें जी-7 के समिट में

नई दिल्ली जर्मनी के चांसलर एंजेला मर्केल अमेरीका के अध्यक्षता में 10 जून से 12 जून ले कैंप डेविड में होखे वाला जी-7 के शिखर सम्मेलन में शामिल होखे से इन्कार कऽ देले बाड़ी। अमेरीका में कोरोना वायरस संक्रमण के ममिला बढ़त जात बा। अब ले अमेरीका में कुल्ह 17,94,153 ममिला सोझा आइल बा। कोरोना के बढ़त प्रकोप के देखत जर्मनी के चांसलर एंजेला मर्केल ई निर्यण ले ले बाड़ी। ई शिखर सम्मेलन पहिले होखे के रहे बाकिर कोरोना के देखत एके टार दिहल रहल हऽ। जी-7 सात विकसित अर्थव्यवस्था;…

 7,168 total views,  1 views today

Read More

कोविड-19: 35 राज्य 1,74,355 मरीज

नई दिल्ली कोरोना के संक्रमण बढ़ि के अब भारत के 35 राज्यन में फइल गइल बा। आज 30 मई के देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 1,74,355 गो कंफर्म ममिला सोझा आइल बा। एह मरीजन में कुल्ह 82,804 मरीज ठीक हो गइल बाड़े। बाकिर एह बेमारी से कुल्ह 4,982 मरीजन के मउत हो गइल बा। एह मरीजन में से कुल्ह 62,228 मरीज अकेले महाराष्ट्र राज्य से बाड़े। राज्य पॉजेटिव केस डिस्चार्ज मौत 1 अंडमान निकोबार द्वीप 33 33 0 2 आंध्र प्रदेश 3461 2289 60 3 अरुणाचल प्रदेश 3…

 1,555 total views

Read More

कोरोना वायरस: बिहार में कोरोना के 150 केस बढ़ल

पटना पिछिला 24 घंटा में में आज 30 मई साँझ ले बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के 150 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद बिहार में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 3,509 केस हो गइल बा। आज बिहार में कुल्ह 2,285 केस एक्टिव बा अउरी अबले 1,209 लोगन ठीक हो गइल बा। बाकिर एह समय में कुल्ह 15 लोगन के मउत हो गइल बा। बिहार में अब ले सभसे बेसी बढ़त 20 मई के 257 केस बढ़ल रहल। बिहार में अब ले कोरोना वायरस संक्रमण के…

 391 total views,  1 views today

Read More

छत्तीसगढ़ के पूर्व मुख्यमंत्री अजीत जोगी के आज अंतिम संस्कार

रायपुर छत्तीसगढ़ के पूर्व मुख्यमंत्री अजीत जोगी के काल्ह साँझ साढ़े तीन बजे रायपुर में 74 साल के उमिर में देहावसान हो गइल रहुवे। अजीत जोगी छत्तीसगढ़ के पहिला मुख्यमंत्री रहलें। अजीत जोगी के अंतिम संस्कार उनकरा पैतृक गाँव गौरेला में होई। गौरेला के प्रभु ख्रीष्ट वाटिका में बेटी अनुषा जोगी की कब्र के बगल में अजीत जोगी के शव दफनावल जाई। एकरा पहिले उनका पर्थिव देह बिलासपुर के मरवाही सदन ले जाइल जाई जेसे कि आम लोग उनकर आखिरी दर्शन कऽ सके। राजनीति में आवे से पहिले अजीत जोगी…

 358 total views

Read More

कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह 7,442 केस भइल

लखनऊ पिछिला 24 घंटा में काल्ह 29 मई साँझ ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के 275 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 7,442 केस हो गइल बा। आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 2,834 केस एक्टिव बा अउरी अबले 4,410 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 195 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 4 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 201 हो गइल बा। उत्तर प्रदेश…

 342 total views

Read More