निर्भया दोषिन के डेथ वारंट ना भइल कैंसिल; काल्ह फाँसी

निर्भया केस

नई दिल्ली निर्भया बलात्कार केस में फाँसी के जारी भइल डेथ वारंट के अबहिन हाईकोर्ट रोके से मना कऽ देले बे। काल्ह 20 मार्च के सबेरे 5 बज के 30 मिनट पऽ निर्भया दोषिन के फाँसी देबे के डेथ वारंट कोर्ट जारी कइले बे। एह डेथ वारंट पऽ रोक लगावे खाती निर्भया दोषी दिल्ली हाईकोर्ट के जस्टिस मनमोहन और जस्टिस संजीव नरूला के अदालत में अर्जी लगवले बाड़े।। एकरा से पहिले कई बेर ए गुनाहगारन के फाँसी के डेथ वारंट रद्द हो चुकल बा। सुप्रीम कोर्ट ने बियफे के सबेरे…

Read More

कोरोना वायरस: कुल्ह 171 गो ममिला, 4 मरीजन के मउत, 14 डिस्चार्ज

coronavirus outbreak कोरोना वायरस

नई दिल्ली सगरी देश में अबले कोरोना से संक्रमण के कुल्ह 171 गो ममिला सोझा आइल बा। स्वास्थ्य मंत्रालय के सूचना के हिसाब से अबले चार गो मरीजन के कोरोना संक्रमण के कारन मउत हो गइल बा। मरे वाला मरीजन में एक-एक मरीज दिल्ली, महाराष्ट्र, कर्नाटक अउरी पंजाब के हवन। सभसे बेसी संक्रमण के कुल्ह 47 गो ममिला महाराष्ट्र में पावल गइल बा। केरल में 27, हरियाणा में 18 अउरी उत्तर प्रदेश में 17 संक्रमण के केस सोझा आइल बा। हालाँकि सभसे सुखद सूचना ई बा कि कोरोना के मरीज…

Read More

कोरोना वायरस: प्रधानमंत्री मोदी के एतवार के जनता कर्फ्यू के अपील

प्रधान मंत्री नरेन्द्र मोदी PM Narendra Modi

नई दिल्ली कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के देखत प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आज साँझ देश के नागरिकन के संबोधित करत लोगन से निहोरा कइलन हँ कि 22 मार्च एतवार के जनता से सबेरे 7 बजे से रात 9 बजे ले जनता कर्फ्यू के अपील कइलन हँ। अपनी एह भाषण में प्रधानमंत्री कोरोना वायरस के कारन आइल आर्थिक गतिविधि में कमी के देखत कोविड-19 इकनॉमिक रिस्पॉन्स टास्क फोर्स के गठन करे के ऐलान कइलन हँ। प्रधानमंत्री के भाषण के मुख्य बात: निश्चिंत रहे के सोच ठीक नइखे। बलुक सजग रहल जरूरी…

Read More

मध्य प्रदेश: कमलनाथ सरकार के काल्ह सिद्ध करे के होई बहुमत – सुप्रीम कोर्ट

सुप्रीम कोर्ट

नई दिल्ली सुप्रीम कोर्ट में काल्ह 18 मार्च से बहुमत परीक्षण के संबन्ध में सुनवाई चलत रहल हऽ। सुप्रीम कोर्ट आज सुनवाई के पूरा कइला के बाद कमलनाथ सरकार के काल्ह साँझ 5 बजे ले बहुमत सिद्ध करे के आदेश देले बे। 16 मार्च के मध्य प्रदेश विधानसभा अध्यक्ष राज्यपाल के भाषण के तुरन्त बाद कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के हवाला देत विधानसभा 26 मार्च ले स्थगित कऽ दिहलें रहलन हँ। मध्य प्रदेश राज्यपाल भाजपा के अपील कइला के बाद राज्य विधानसभा अध्यक्ष के बहुमत परीक्षण करावे के आदेश…

Read More

जगतिया के 10 विकेट से हरा नवलपुर कइलस शानदार आगाज

भोजपुरी समय, दाउदपुर: छपरा के जैतपुर क्रिकेट एसोसिएशन के ओर से नंदलाल सिंह कॉलेज मैदान में बियफे के क्रिकेट टूर्नामेंट के उद्घाटन मैच में नवलपुर के टीम जगतिया के 10 विकेट से हराके टूर्नामेंट के शानदार आगाज कइलस। एह टूर्नामेंट में कुल आठगो टीम भाग ले रहल बाड़ी सं। एकरा से पहिले जगतिया टीम टॉस जीत के पहिले बल्लेबाजी करत निर्धारित 12 ओवर में कुल 98 रन बनवलस। एकरा जवाब में खेले उतरल नवलपुर के टीम महज 5.1 ओवर में ही लक्ष्य के हासिल कर लिहलस। सलामी बल्लेबाज विशाल तीन…

Read More